दिनांक- 24/06/2025
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
आषाढ़ कृष्ण पक्ष
तिथि- चतुर्दशी
सांझ के 06 बजके 59 मिनट ले,
ओकरा बाद अमावस्या।
दिन- मंगर।
रोहिणी नक्षत्र
दिन के 12 बजके 54 मिनट ले,
ओकरा बाद म्रृगशीर्षा नक्षत्र।
शूल जोग
दिन के 09 बजके 35 मिनट ले,
ओकरा बाद गण्ड जोग।
विष्टि करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 25/06/2025
आषाढ़ कृष्ण पक्ष
तिथि- अमावस्या
दिन के 04 बजके 01 मिनट ले।
दिन- बुध।
म्रृगशीर्षा नक्षत्र
दिन के 10 बजके 40 मिनट ले।
गण्ड जोग
सबेरे के 06 बजके 00 मिनट ले।
नाग करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)
सकारात्मक सोच बना के रखीं। नया काम के प्रस्ताव आ सकत बा। बेवसाय में सामान्य लाभ होई।
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)
दिनमान अनुकूल रही। नया नोकरी के प्रस्ताव आ सकत बा। बेवसायिक लाभ आ साख बढ़ी।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
मन अशांत रही। नौकरी में परेसाानी आई। बेवसाय में धन लाभ होई। बढ़त खरचा से चिंतित रहेम।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)
सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। नया योजना में पूंजी निवेश संभव बा। बेवसाय में उत्तम धन लाभ होई।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)
नौकरी में अधिकारी अनुकूल रही लो। सरकारी झेत्र में अटकल काम बन सकत बा। जतरा संभव बा।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)
प्रयास में निराशा हाथे लागी। कार्यझेत्र में मतभेद पनप सकत बा। बेवसाय में उचित धन लाभ होई।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)
कार्य विशेष के चिंता रही। अजनबी पs भरोसा करे से बचीं। बेवसायिक प्रतिस्पर्धा बनल रही।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)
पहिले से तय काम में बाझल रहेम। नौकरी में पद-प्रतिष्ठा बढ़ सकेला। बेवसाय में लाभ होई।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)
व्यक्तिगत संबंध अनुकूल रही। नौकरी प्राप्ति के अवसर मिली। बेवसाय में अचानके लाभ मिली।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)
मानसकि चिंतन से मुक्ति ना मिली। नौकरी में सम्मान बनल रही। बेवसाय में लाभ कम होई। सेहत नरम रही।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
सहोदर से मनमुटाव संभव बा। कार्यक्षेत्र में बाझल रहेम। बेवसाय में लाभ कम होई। सेहत नरम रही।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)
रोजगार प्राप्ति संभव बा। अटकल धन के प्राप्ति होई। बेवसाय में विस्तार होई। घर में आनंद रही।
Read Also: Deoria News: बहिन के घरे आइल किशोर के नहर में डूबला से मौत- घर के इकलौता रहे