[the_ad_group id="30365"]

Deoria News: बहिन के घरे आइल किशोर के नहर में डूबला से मौत- घर के इकलौता रहे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया। सदर कोतवाली के गोबराई खास गांव में नहर में नहात घरी किशोर के डूबला से मौत हो गइल। उ भटनी इलाका के रहे वाला रहे आ बहिन के ससुरा गोबराई में घूमे आइल रहे। हादसा के जानकारी पs परिवार में मातम छा गइल। पुलिस शव के कब्जा में लेके अग्रिम कार्रवाई में जुट गइल बिया।

जानकारी के अनुसार, भटनी के अमवा गांव निवासी 13 साल के टुनटुन पासवान अपना बहिन लक्ष्मी के ससुराल देवरिया कोतवाली क्षेत्र के गोबराई खास गांव आइल रहे। अतवार के सांझ उ लईकन के संगे नहर में नहाये गइल। एही दौरान गहराई में चल गइल आ डूब गइल। आसपास के लोग शोर मचावल आ बहुत मशक्कत के बाद ओकरा के निकालल गइल। तब तक ओकर सांस थम चुकल रहे।

टुनटुन पांच बहिन में इकलौता भाई रहे। ओकर पिता के मौत पहिलही हो चुकल बा। पिता के निधन के बाद उ एगाे गैरेज में काम कs के परिवार के आर्थिक मदद करत रहे। ओकर असमय मौत से पूरा परिवार गहिराह सदमा में बा। परिवार वालन के रो-रोके बुरा हाल बा। सदर कोतवाल बतवलें कि शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल बा।

Read Also: Kedarnath Yatra : हेली सेवा के पहिला चरण पूरा, अब सितंबर में दोबारा सुरू होई उड़ान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]