गोरखपुर। एयरपोर्ट सलाहकार समिति के सोमार के बैठक में कइयन गो महत्वपूर्ण फैसला भइल। एह में तय भइल कि गोरखपुर एयरपोर्ट (Gorakhpur Airport ) 24 घंटा संचालन योग्य बनावल जाई। संगही नया शहरन से जोड़ल जाई आ परिसर में गुरु गोरखनाथ के प्रतिमा लगावे के आ एयरपोर्ट के नाम उनका नाम पर रखे के प्रस्ताव सर्वसम्मति से पास भइल।
सांसद रवि किशन शुक्ल के बयान
बैठक के अध्यक्षता करत सांसद रवि किशन शुक्ल कहलें कि गोरखपुर एयरपोर्ट के 24 घंटे उड़ान खातिर भारतीय वायुसेना से अनुमति लिहल जाई आ जरूरी संसाधन जुटावल जाई। दिन-रात उड़ान उपलब्ध होखला से यात्रियन के सुविधा बढ़ल आ एयरपोर्ट नया ऊंचाई छी।
सीधी उड़ान के योजना
सांसद शुक्ल कहले कि गोरखपुर से जम्मू, पुणे, जयपुर, चंडीगढ़ आ गोवा खातिर सीधी उड़ान सुरू होखे के चाहीं। ई खाली यात्रियन खातिर आसान ना होई, बलुक पूर्वांचल के देस के प्रमुख शहर से सीधा जुड़ाव मजबूत करी।
तकनीकी सुधार आ सुविधा
एयरपोर्ट के तकनीकी क्षमता बढ़ावे खातिर आइएलएस (Instrument Landing System) के श्रेणी-दू स्तर तक अपग्रेड करे पs चरचा भइल। ई खराब मौसम आ कम दृश्यता में उड़ान संभव बनावे में मदद करी। संगही एप्रन विस्तार कार्य समयबद्ध तरीका से पूरा करे पs बल दिहल गइल। यात्रियन के सुविधा खातिर गीता प्रेस के दुकान, मुख्य द्वार के सुंदरता, राजमार्ग पs यात्री शेड, पेयजल आ एलईडी स्क्रीन पs एयरपोर्ट के नाम प्रदर्शित करे के योजना बनल।
गुरु गोरखनाथ के मिली सम्मान
समिति के सदस्यन सर्वसम्मति से तय कइल लोग कि हवाई अड्डा परिसर में गुरु गोरखनाथ के प्रतिमा स्थापित कइल जाई आ एयरपोर्ट के नाम महायोगी गुरु गोरखनाथ हवाई अड्डा कs दिहल जाई।
बैठक में समिति के सदस्य मनीष सिंह, आलोक अग्रवाल, शांतनु सर्राफ, अपर जिलाधिकारी नगर, एयरपोर्ट निदेशक आरके पाराशर, संचार सहायक महाप्रबंधक विजय कौशल, सुरक्षा अधिकारी विनोद कुमार सिंह समेत अकासा, इंडिगो, स्पाइसजेट आ अलायंस एयर के अधिकारी मौजूद रहल लोग।