Bank Holiday : 23 सितंबर के कहां-कहां बैंक बंद, चेक करीं राउर शहर में कामकाज होई कि ना

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 23, 2025

नई दिल्ली। आज मंगर के दिने माने 23 सितंबर के कुछ बैंक बंद बा। बाकिर ई छुट्टी पूरा देसभर में ना, बलुक खाली जम्मू आ कश्मीर के जम्मू आ श्रीनगर में बैंक बंद रही। एह

Share

नई दिल्ली। आज मंगर के दिने माने 23 सितंबर के कुछ बैंक बंद बा। बाकिर ई छुट्टी पूरा देसभर में ना, बलुक खाली जम्मू आ कश्मीर के जम्मू आ श्रीनगर में बैंक बंद रही। एह दिन महाराजा हरि सिंह जयंती मनावल जाला, जे जम्मू-कश्मीर के आखिरी शासक रहलें। एह मौका पs ओहिजा के पब्लिक आ प्राइवेट बैंक में कवनो कामकाज ना भइल।

27-28 सितंबर के रही छुट्टी

रउआ जानकारी खातिर बता दीं कि देस के सभ बैंक, चाहें भारतीय स्टेट बैंक (SBI) होखे भा दोसर, सब आरबीआई (भारतीय रिजर्व बैंक) के तय कइल छुट्टी के हिसाब से बंद रहेला। हर महीना के दूसरका आ चउथा सनिचर बैंक हॉलिडे होला आ अतवार के दिने बैंक बंदे रहेला। एहिसे 27 सितंबर (चउथा सनिचर) आ 28 सितंबर (अतवार) के पूरा भारत में बैंक बंद रही।

छुट्टी में का करीं?

  • अगर छुट्टी वाला दिने रउआ के कवनो जरूरी लेन-देन करे के पड़े, तs तहरा ऑनलाइन बैंकिंग भा मोबाइल बैंकिंग से काम चलावे के होई।
  • कैश से जुड़ल लेन-देन खातिर एटीएम हर समय खुलल रहेला।
  • यूपीआई आ मोबाइल ऐप से पेमेंट सेवा जारी रहेला।

बैंक छुट्टी कइसे तय होला?

बैंक के छुट्टी आरबीआई आ राज्य सरकार मिल के तय करेला। ई छुट्टी राष्ट्रीय आ राज्य स्तर के त्योहार, धार्मिक कार्यक्रम, सांस्कृतिक आयोजन आ जरूरी ऑपरेशनल कारण से तय कइल जाला।

आरबीआई आपन आधिकारिक वेबसाइट पs छुट्टी के लिस्ट जारी करेला। अलग-अलग राज्य आ शहर खातिर छुट्टी के पूरा ब्योरा ओहिजा मिल जाला।

Read Also: UP New Rule : गाड़ी पर जाति लिखवला पs होई जुर्माना, पुलिस कागजात से हटावल गइल जाति वाला कॉलम

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.