22 सितंबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 22/09/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आश्विन शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

रात के 02 बजके 56 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वितीया।

दिन- सोमार।

उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र

दिन के 11 बजके 24 मिनट ले,

ओकरा बाद हस्त नक्षत्र।

शुक्ल जोग

सांझ के 07 बजके 58 मिनट ले,

ओकरा बाद ब्रह्म जोग।

किस्तुघन करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 23/09/2025

आश्विन शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वितीया

भाेर के 04 बजके 51 मिनट ले।

दिन- मंगर।

 हस्त नक्षत्र

दिन के 01 बजके 40 मिनट ले।

ब्रह्म जोग

रात के 08 बजके 22 मिनट ले।

 बालव करण।

आज के राशिफल (Rashifal)

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज राउर आत्मविश्वास बढ़ल रही। नया काम शुरू करे खातिर समय सही बा। परिवार में मेल-जोल आ सुख-शांति बनी रही। धन लाभ के योग बनत बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

सेहत पर ध्यान दीं। खर्चा बढ़ सकत बा, बाकिर फायदा मिली। नोकरी में उन्नति के संभावना बा। घर-परिवार से पूरा सहयोग रही।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज पुरान साथी से भेंट हो सकत बा। व्यापार में फायदा होई। नोकरी वाला लोग खातिर प्रमोशन के संभावना बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

परिवार में खुशी के माहौल रही। काम के बोझ बढ़ी बाकिर सफलता जरूर हाथ लागी। संतान से सुखद समाचार मिली।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज यात्रा के योग बा। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। आत्मविश्वास से काम करीं, लाभ जरूर होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मेहनत के रंग चढ़ी। दाम्पत्य जीवन सुखद रही। नोकरी-व्यापार में अच्छा परिणाम मिली। नया अवसर हाथे आवे के संभावना बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

धन से जुड़ल काम सफल होई। मित्र संग समय बिताइब। परिवार में खुशी के माहौल रही। नोकरी में तरक्की के योग बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज मन शांत रही। व्यापार में उन्नति होई। नया निवेश कर सकेनी। परिवार में आपसी मेल-जोल बढ़ी।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

भाग्य आज रउरा साथ देत बा। नोकरी आ व्यापार दुनु में फायदा होई। धार्मिक काम में मन लगाईब। संतान से सुख मिली।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

घर-परिवार में खुशहाली रही। नया योजना शुरू करे के मौका मिली। धन लाभ के संभावना बनल बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज यात्रा सफल होई। व्यापार में विस्तार होई। मित्र संग संबंध मजबूत रही। सेहत ठीक-ठाक रही।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

प्रेम संबंध मजबूत होई। कामकाज में सफलता मिली। आर्थिक स्थिति बेहतर रही। परिवार संग समय आनंददायक बीती।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-