Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज में मिशन शक्ति 6.0 के उद्घाटन, छात्र-छात्रा लिहलें महिला सम्मान के शपथ

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 20, 2025

गोरखपुर। मिशन शक्ति 6.0 के उद्घाटन दिवस पs सनिचर के डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में शपथ कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। ई कार्यक्रम राष्ट्रीय सेवा योजना (एनएसएस) दयानंद इकाई के तत्वावधान में प्राचार्य प्रो. शैल

Share

गोरखपुर। मिशन शक्ति 6.0 के उद्घाटन दिवस पs सनिचर के डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में शपथ कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। ई कार्यक्रम राष्ट्रीय सेवा योजना (एनएसएस) दयानंद इकाई के तत्वावधान में प्राचार्य प्रो. शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में संपन्न भइल।

महिला सम्मान आ सुरक्षा के लेके शपथ

एह अवसर पs मनोविज्ञान विभाग के डॉ. विनोद गुप्ता आ कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता सब स्वयंसेवकन आ स्वयंसेविका के शपथ दिलावल लोग। शपथ के दौरान सब केहू संकल्प लेलस कि उ हमेसा बालिका आ महिला के सम्मान करी लोग, ओह लोगन के अधिकारन के सुरक्षा करी लोग आ ओह लोगन के विकास खातिर समान अवसर प्रदान करे में योगदान दी लोग।

संगही इहो वचन लिहल गइल कि प्रत्यक्ष भा परोक्ष रूप से कवनो महिला भा बालिका के अधिकारन आ मर्यादा के उल्लंघन ना होखे दिहल जाई।

छात्रन के सक्रिय भागीदारी

कार्यक्रम में शिवम, पूर्णिमा, सृष्टि आ जया सहित बड़ संख्या में स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका सामिल भइल लोग। सभे एक स्वर से मिशन शक्ति अभियान के सफल बनावे आ समाज में महिला सुरक्षा आ सम्मान के बढ़ावा देवे के संकल्प दोहरवलें।

Read Also: IND vs PAK: पाकिस्तान के खिलाफ ना खेलिहें अक्षर? फील्डिंग कोच देलें जानकारी; मैच के दौरान भइल रहस चोटिल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.