दिनांक- 21/09/2025
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
आश्विन कृष्ण पक्ष
तिथि- अमावस्या
रात के 01 बजके 23 मिनट ले,
ओकरा बाद प्रतिपदा।
दिन- अतवार।
पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र
दिन के 09 बजके 32 मिनट ले,
ओकरा बाद पूउत्तर फाल्गुनी नक्षत्र।
शुभ जोग
सांझ के 07 बजके 52 मिनट ले,
ओकरा बाद शुक्ल जोग।
चतुष्पद करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 22/09/2025
आश्विन शुक्ल पक्ष
तिथि- प्रतिपदा
रात के 02 बजके 56 मिनट ले।
दिन- सोमार।
उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र
दिन के 11 बजके 24 मिनट ले।
शुक्ल जोग
दिन के 07 बजके 58 मिनट ले।
किस्तुघन करण।
आज के राशिफल (Rashifal)
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)
आज के दिन आत्मविश्वास बढ़ी। नया काम करे के मौका मिली आ ओकरा से लाभ होई। परिवार में खुशी के माहौल रही। संतान के ओर से शुभ समाचार मिल सकेला। धन के इस्थिति मजबूत रही बाकिर खर्चा पर नियंत्रण जरूरी बा। सेहत में हल्का थकान हो सकेला।
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)
आज लाभ के दिन बा। नौकरी आ व्यापार में सफलता मिली। रुकल धन वापिस आ सकेला। परिवार में मेल-जोल बनी। मित्रन संग समय बितावल सुखद रही। निवेश से फायदा होई। सेहत के ध्यान राखल जरूरी बा।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
भाग्य साथ दीं। यात्रा के योग बा। काम में सफलता मिली आ लोग राउर बात मानी। दांपत्य जीवन मधुर रही। पढ़ाई में छात्र लोग के अच्छा परिणाम मिली। स्वास्थ्य सामान्य रही।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)
आज दिन उतार-चढ़ाव वाला रही। काम में देरी से तनाव बढ़ी। खर्चा बढ़े के संभावना बा। परिवार में विवाद हो सकेला। धैर्य आ संयम से काम लीं। सेहत पर विशेष ध्यान दीं।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)
आज राउर व्यक्तित्व निखरी। समाज में मान-सम्मान बढ़ी। नौकरी आ व्यापार में लाभ होई। दांपत्य जीवन सुखद रही। प्रेम संबंध गाढ़ा होई। विद्यार्थी लोगन के पढ़ाई में सफलता मिली। स्वास्थ्य उत्तम रही।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)
आज मिलाजुला दिन रही। नौकरीपेशा लोगन के प्रमोशन के योग बा। व्यापार में भी लाभ होई। परिवार में मंगलकार्य के योजना बन सकेला। मित्र से सहयोग मिली। सेहत पर लापरवाही मत करीं।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)
आज आर्थिक लाभ के योग बा। सामाजिक काम में भाग लेबे से इज्जत बढ़ी। जीवनसाथी से सहयोग मिली। प्रेम संबंध मजबूत होई। पढ़ाई में विद्यार्थी लोगन के मन लगी। अचानक धन लाभ हो सकेला।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)
आज कार्यक्षेत्र में सफलता मिली। व्यापार में नवा कॉन्ट्रैक्ट मिली। परिवार में सुख-शांति रही। जीवनसाथी संग समय आनंददायक रही। मित्र संग भेंट-घाट खुशी देई। सेहत अच्छा रही।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)
आज भाग्य साथ दीं। रुकल काम पूरा होई। नौकरी-व्यापार में नया अवसर मिली। धार्मिक कामन में मन लागी। संतान पक्ष से संतोष मिली। आर्थिक इस्थिति मजबूत रही। सेहत सामान्य रही।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)
आज धैर्य से काम लेबे के जरूरत बा। पुराना काम अटक सकेला। परिवार में विवाद से बचीं। खर्चा बढ़े से तनाव होई। नौकरीपेशा लोग सतर्क रहस। सेहत पर ध्यान जरूरी बा।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
आज शुभ दिन बा। मित्रन से सहयोग मिली। नया रिश्ता बन सकेला जवन भविष्य में लाभ दी। नौकरी में पदोन्नति मिली। प्रेम जीवन मधुर रही। स्वास्थ्य ठीक रही। आत्मविश्वास से सफलता मिली।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)
आज शुभता के दिन बा। व्यापार में लाभ मिली। परिवार में सुख-शांति रही। जीवनसाथी से सहयोग मिली। विद्यार्थी लोगन के पढ़ाई में लाभ होई। यात्रा सफल रही। स्वास्थ्य अच्छा रही, मन प्रसन्न रही।