21 नवंबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 21/11/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

मार्गशीर्ष शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

दिन के 02 बजके 47 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वितीया।

दिन- सुक।

अनुराधा नक्षत्र

दिन के 01 बजके 55 मिनट ले,

ओकरा बाद ज्येष्ठा नक्षत्र।

अतिगण्ड जोग

दिन के 10 बजके 43 मिनट ले,

ओकरा सुकर्मा जोग।

बव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 22/11/2025

मार्गशीर्ष शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वितीया

दिन के 05 बजके 11 मिनट ले।

दिन- सनिचर।

ज्येष्ठा नक्षत्र

दिन के 04 बजके 46 मिनट ले।

सुकर्मा जोग

दिन के 11 बजके 29 मिनट ले।

 कौलव करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज काम में एगो नया मौका मिली। पईसा के इस्थिति मजबूत होई। परिवार से खुसी मिल सकेला। जतरा सुभ रही।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

मन कुछ बेचैन रही, बाकिर जरूरी काम समय पs पूरा हो जाई। धन के खरचा बढ़ सकेला। घर के बुजुर्ग के सलाह लेके चलीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

कामकाज में तेजी रही। विद्यार्थी लोगन खातिर दिन बढ़िया बा। दोस्त लोग से सहजोग मिली। स्वास्थ्य सामान्य रही।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज घर-परिवार में माहौल ठीक रही। नौकरी में सराहना मिली। नया निवेश सोच समझ के करीं। प्रेम संबंध में मिठास बढ़ी।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज सम्मान बढ़ सकेला। सरकारी काम में सफलता मिली। खर्चा पs नियंत्रण जरूरी बा। जतरा में सावधानी बरतें।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन भाग्य साथ दी। पुरान रुकल काम आज पूरा होई। धन लाभ के योग। सेहत में हल्का उतार–चढ़ाव रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज कवनो खास खबर से खुसी मिली। काम के दबाव कम रही। जीवनसाथी के संगे समय बढ़िया बीती।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज तनिका तनाव हो सकेला, बाकिर धैर्य से काम लेला पs फायदा होई। धन से जुड़ल फैसला सोचके के करीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज मन प्रसन्न रही। नौकरी-बेयपार में लाभ। परिवार में माहौल खुसनुमा रही। नया योजना सुरू करे खातिर समय बढ़िया बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

काम में बाधा दूर होई। दिन भर बाझल रहेम। धन लाभ के जोग बा। घर में कवनो मांगलिक काम के चरचा हो सकेला।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज भाग्य मजबूत बा। लमहर समय से रुकल काम आज बन सकेला। स्वास्थ्य बढ़िया बा। परिवार में सामंजस्य रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज सोच-समझ के काम करे के जरूरत बा। खरचा तनिका बढ़ी। बाकिर सांझ तक कवनो सुभ सूचना खुसी दी।

Read Also: Share Bazar : सेंसेक्स 446 अंक उछलल, निफ्टी 26,150 के पार- बाजार बढ़त के साथे बंद 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-