21 फरवरी 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 21/02/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

फाल्गुन शुक्ल पक्ष

तिथि- चतुर्थी

दिन के 01 बजके 01 मिनट में,

ओकरा बाद पंचमी।

दिन- सनिचर।

 रेवती नक्षत्र

सांझ के 07 बजके 07 मिनट ले,

ओकरा बाद अश्विनी नक्षत्र।

शुभ जोग

दिन के 03 बजके 50 मिनट ले,

ओकरा बाद शुक्ल जोग।

विष्टि करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 22/02/2026

फाल्गुन शुक्ल पक्ष

तिथि- पंचमी

दिन के 11 बजके 10 मिनट ले।

दिन- अतवार।

अश्विनी नक्षत्र

दिन के 05 बजके 54 मिनट ले।

शुक्ल जोग

दिन के 01 बजके 08 मिनट ले।

बालव करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज मन में जोश भरल रही। कामकाज में आगे बढ़े के मवका मिली। ऑफिस में वरिष्ठ लोग मदद करीं। सेहत ठीक रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

पइसा के लेन-देन में सावधानी रखीं। परिवार में छोट-मोट बात पs बहस हो सकेला। धैर्य से काम लीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज दिन आपके पक्ष में बा। रुका काम पूरा होई। नया संपर्क फायदेमंद साबित होई। यात्रा के योग बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भावनात्मक रूप से मजबूत रहीं। घर-परिवार में खुसी के माहौल रही। सेहत में हल्का उतार-चढ़ाव हो सकेला।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज मान-सम्मान बढ़ी। नौकरी-बेयपार में लाभ के संकेत बा। खीस पs काबू रखल जरूरी बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मेहनत के पूरा फल मिली। पढ़ाई-लिखाई में सफलता मिली। खरचा बढ़ सकेला, बजट संभार के चलीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रिश्ता मजबूत होई। जीवनसाथी से सहजोग मिली। नया काम सुरू करे के सोच सकेनी।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

तनिका संभर के दिन बिताईं। गलतफहमी से बचीं। सेहत पs ध्यान दीं, खासकर पेट से जुड़ल परेसानी।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य साथ दी। रुकल काम बने लागी। नौकरी बदलला भा प्रमोशन के चरचा हो सकेला।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

काम के दबाव रही, बाकिर नतीजा अच्छा मिली। परिवार के संगे समय बिताईं तs मन खुस रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रचनात्मक काम में मन लागी। नया आइडिया सफल हो सकेला। संघतिया लोगन से फायदा मिली।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज धैर्य रखल जरूरी बा। भावुक फैसला से बचला के जरूरत बा। सांझ तक हालात बेहतर हो जाई।

Read Also: Indian Army : एआई से मजबूत होई युद्धक तइयारी, हथियार बनी स्मार्ट, सटीकता बढ़ी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-