20 नवंबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 20/11/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथि- अमावस्या

दिन के 12 बजके 17 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रतिपदा ।

दिन- बियफे।

विशाखा नक्षत्र

दिन के 10 बजके 58 मिनट ले,

ओकरा बाद अनुराधा नक्षत्र।

शोभन जोग

दिन के 09 बजके 52 मिनट ले,

ओकरा बाद अतिगण्ड जोग।

नाग करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 21/11/2025

मार्गशीर्ष शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

दिन के 02 बजके 47 मिनट ले।

दिन- सुक।

अनुराधा नक्षत्र

दिन के 01 बजके 55 मिनट ले।

अतिगण्ड जोग

दिन के 10 बजके 43 मिनट ले।

बव करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन काम-धंधा में फायदा हो सकेला। परिवार में सुख-शांति बनल रही। स्वास्थ्य सामान्य। जतरा फायदा दे सकेला।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

पईसा के लेके कुछ नया अवसर मिली। घर-परिवार में सम्मान बढ़ी। प्रेम संबंध में मधुरता आई। खरचा तनिका बढ़ सकेला।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

मन कुछ बेचैन रह सकेला, बाकिर काम सफल होई। ऑफिस में तारीफ मिली। नया काम सुरू करे के सोचत बानी तs दिन बढ़िया बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भाग्य साथ दी। पढ़ाई-लिखाई खातिर बढ़िया समय बा। नौकरी के नया अवसर मिली। स्वास्थ्य में सुधार रही। धार्मिक काम में मन लगी।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज सावधानी जरूरी बा। बहस-झगड़ा से दूरी बनाई। धन निवेश सोच-समझ के करी। प्रेम में कुछ उतार-चढ़ाव हो सकेला।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

दाम्पत्य जिनगी में खुसहाली रही। बेयपार में लाभ होई। पुरान संघतिया से मुलाकात संभव। बाहर के खाना से परहेज करी।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

काम में सफलता मिली। अधिकारी लोग खुस रही। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। परिवार में खुसी के माहौल रही।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज मानसिक तनाव कम होई। नौकरी में पद-प्रतिष्ठा बढ़ी। प्रेम संबंध मजबूत बन सकेला। सफर लाभदायक रही।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

परिवार में खुसी के माहौल रही। नया अवसर हाथ लागी। कारोबार में लाभ होई। स्वास्थ्य बढ़िया। जोखिम वाला काम से बचीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज मेहनत के पूरा फल मिली। पईसा के लेके राहत मिली। जीवनसाथी के सहजोग बढ़ी। वाहन सावधानी से चलाईं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

सोच में सकारात्मकता बढ़ी। नया योजना सफल होई। नौकरी-बेयपार में तरक्की होई। खर्च नियंत्रित रखला के जरूरत बा।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

भाग्य मजबूत बा। रुकल पईसा वापस मिली सकेला। प्रेम में खुसी मिली। घर-परिवार में अनुकूल वातावरण रही। जतरा सफल रही।

Read Also: Nitish Kumar Oath : नीतीश कुमार 10वां बेर बनिहें बिहार के मुख्यमंत्री, NDA विधायक दल के बैठक में लागल मुहर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-