Nitish Kumar Oath : नीतीश कुमार 10वां बेर बनिहें बिहार के मुख्यमंत्री, NDA विधायक दल के बैठक में लागल मुहर

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 19, 2025

पटना। NDA के विधायक लोग के बैठक में नीतीश कुमार के फेर से नेता चुनल गइलें। उनका नाम के प्रस्ताव बीजेपी नेता सम्राट चौधरी रखलें आ सब विधायक एह पs आपन सहमति दे दिहल लोग।

Share

पटना। NDA के विधायक लोग के बैठक में नीतीश कुमार के फेर से नेता चुनल गइलें। उनका नाम के प्रस्ताव बीजेपी नेता सम्राट चौधरी रखलें आ सब विधायक एह पs आपन सहमति दे दिहल लोग। अब ई आधिकारिक रूप से फाइनल हो गइल कि फेरू एक बेर नीतीश कुमार बिहार के मुख्यमंत्री बनिहें। काल्ह माने 20 नवंबर के शपथ ग्रहण होखे वाला बा, जवना में पीएम मोदी सहित NDA के तमाम बड़ नेता मौजूद रहिहें।

नीतीश कुमार दसवां बेर शपथ लेवे जा रहल बाड़ें। पहिलका बेर ऊ 2000 में मुख्यमंत्री बनल रहलें, बाकिर बहुमत नइखे मिलल तs 7 दिन में इस्तीफा दे देलें। 2005 में ऊ आरजेडी शासन के कड़ा चुनौती देके भारी बहुमत संगे सत्ता में वापस अइलें आ ओही समय से उनकर ‘गुड गवर्नेंस’ वाला छवि मजबूत होखे लागल।

2014 में नीतीश NDA से नाता तुड़ देलें आ चुनावी हार के नैतिक जिम्मेदारी लेत सीएम पद छोड़ देलें। 2015 में लालू प्रसाद यादव से हाथ मिलावत महागठबंधन बनल, तेजस्वी यादव के डिप्टी सीएम बना के सरकार चलावल गइल। बाकिर 2017 में फेरू पलटी मार देलें आ महागठबंधन छोड़के NDA में सामिल हो गइलें।

2022 में एक बेर आ महागठबंधन के रुख कइलें, बाकिर 2024 में फेर NDA में लवट अइलें। अब 2025 के ऐतिहासिक जीत के बाद नीतीश कुमार दसवां बेर बिहार के मुख्यमंत्री बन रहल बाड़ें।

Read Also: ICC ODI Batting Rankings : रोहित शर्मा के राज पs लागल विराम, न्यूजीलैंड के बल्लेबाज बनलें नंबर-1

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.