19 मई 2023 के राशिफल

Anurag Ranjan

दिनांक-19/05/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- अमावस्या

 रात में 09 बजके 23 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रतिपदा।

दिन- सुक।

भरणी नक्षत्र

दिन में 07 बजके 29 मिनट ले,

ओकरा बाद कृतिका नक्षत्र।

 शोभन जोग

सांझ के 06 बजके 16 मिनट ले,

ओकरा बाद अतिगण्ड जोग।

चतुष्पद करण।

वट सावित्री व्रत।

शनि जयंती।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 20/05/2023

ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

रात में 09 बजके 31 मिनट ले।

दिन- सनीचर।

कृतिका नक्षत्र

दिन में 08 बजके 02 मिनट ले।

 अतिगण्ड जोग

दिन में 05 बजके 18 मिनट ले।

 सुकर्मा जोग ।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज वाद-विवाद से दूर रहीं, कवनो प्रकार से कवनो पारिवारिक भा समाजिक वाद-विवाद में मत फसीं, स्वास्थ में सुधार लउकी , बेयपार में नुकसान उठावे के पड़ सकत बा, कवनो बड सौदा भा लेन-देन अभी मत करीं, परिवार में मतभेद खतम करे के प्रयास करीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज राउर स्वास्थ बिगड़ सकत बा, काम के अधिकता के कारण अपना स्वास्थ के धेयान रखीं, बेकार के चिंता के कारण मन अशांत रही, कवनो नया काम के सुरुआत करे में रूकावट आई, कवनो परिचित व्यक्ति से वाद-विवाद हो सकत बा। वाहन आदि के चलावे में सावधानी रखीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज रउआ कवनो बड़ फैसला कार्यक्षेत्र में ले सकत बानी, जवना के परिणाम आगे रउआ अच्छा मिली। कवनो विशेष व्यक्ति के प्रभाव से राउर रुकल काम पूरा होई। परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज राउर बहुत पुरान कवनो परिचित व्यक्ति से मिलल होई, मन प्रसन्न रही, बेयपार में आर्थिक इस्थिति मजबूत होई आ काम के नया अवसर प्राप्त होई, परिवार के लोगन के सहजोग मिली, समाज में मान-सम्मान बढ़ी। कवनो पुरान विवाद ओराई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आप रउआ अपना स्वास्थ के कारण कुछ परेसान रहेम। कवनो परिवारिक विवाद के चलते मन अशांत रही, कवनो नया काम में परिचित व्यक्ति के कारण रोक लाग सकत बा, वाहन चलावे आ लमहर जतरा आदि करे से बचीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज रउआ केहू अपना के स्वास्थ के कारण परेसान रहेम, पत्नी से मतभेद हो सकत बा, आज कवनो नया काम सुरू कs सकत बानी बाकिर साझेदारी सोच विचार कs के करीं, कवनो बड़ निर्णय आज रउआ कार्यक्षेत्र में ले सकत बानी, वाद-विवाद से दूर रहीं, बोली पs संयम रखीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज राउर स्वास्थ अच्छा रही, मन प्रसन्न रही, आज घर परिवार में मांगलिक काम होखे के जोग निर्मित होई, अपनन के पूर्ण सहजोग जिनगी में मिली, कवनो नया काम में आज रउआ बड़ निवेश कs सकत बानी, कोर्ट-कचहरी के ममला में सफलता मिली।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज राउर दिन अच्छा रहे वाला बा, नौकरी करे वालन के पदोन्नति मिल सकत बा , कार्यक्षेत्र में सभे राउर काम के प्रसंशा करी, अधिकारियन से संबंध मधुर होई, परिवार के लोगन के सहजोग मिली, आज रउआ कवनो नया बेवसाय सुरू कs सकत बानी।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन राउर उतार चढ़ाव वाला रही, स्वास्थ में आज रउआ गिरावट महसूस करेम, केहू अपना के बेवहार के कारण राउर मन दुखी हो सकत बा, बेटा आ परिवार के लोगन से वाद-विवाद के इस्थिति बन सकत बा, अच्छा होई रउआ शांत रहीं, बोली पs संयम रखीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज रउआ कवनो विशेष काम से कहीं बाहर जा सकत बानी, परिवार में कवनो विशेष मेहमान के आवे से रउआ आ परिवार प्रसन्न रही। कवनो नया काम के योजना बन सकत बा, अपना कवनो परिचित से बेयपार-बेवसाय में सहजोग मिली, कहीं से धन लाभ हो सकत बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रउआ कवनो विशेष काम के लेके चितिंत हो सकत बानी, परिवार में केहू आपन के स्वास्थ बिगड़ सकत बा, बेकार के कामन में धन खर्च होई, आज कवनो नया काम सुरू करे खातिर रउआ कहीं से ऑफर आई, कवनो नया काम सोच विचार कs के सुरू करीं,परिवार में अपनन से मतभेद उत्पन्न हो सकत बा।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन राउर मन प्रसन्न रही, आज राउर अध्यात्म के तरफ मन रही ,परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई, कवनो नया मेहमान परिवार में आई, बेयपार में नया अवसर प्राप्त होई, कवनो नया साझेदारी के सुरुआत होई, अपनन के सहजोग मिली, परिवार समाज में मान-सम्मान बढ़ी।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।