Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

17 मई 2023 के राशिफल

905

दिनांक-17/05/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

 रात में 10 बजके 28 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्दशी।

दिन- बुध।

रेवती नक्षत्र

दिन में 07 बजके 39 मिनट ले,

ओकरा बाद अश्विनी नक्षत्र।

 आयुष्मान जोग

रात में 09 बजके 17 मिनट ले,

ओकरा बाद सौभाग्य जोग।

गर करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 18/05/2023

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

रात में 09 बजके 43 मिनट ले।

दिन- बियफे।

अश्विनी नक्षत्र

दिन में 07 बजके 22 मिनट ले।

 सौभाग्य जोग

रात में 07 बजके 37 मिनट ले।

 विष्टि करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन जातक खातिर सिद्धिदायक रही। मान-सम्मान के प्राप्ति होई, विरोधी इचिको नुकसान ना पहुंचा सकी लो। आज उच्च प्रतिष्ठित लोगन के संगे राउर मेलजोल बढ़ी। गृहस्थ जिनगी मंगलमय रही। अध्यात्म में समय दीं। सेहत सामान्य रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन सुभ फलदायी रही। आज कवनो काम के करे से पहिले योजना बनाई। आज जातक के काम के क्षेत्र में सफलता निश्चित मिली। वाहन चलावत घरी सावधानी बरती। सरकारी क्षेत्र से सुभ समाचार मिली। परिवार में शांति के वातावरण रही।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर बेयपार आदि में कवनो नया रस्ता खोली। काम के क्षेत्र में कवनो बड़ डील होखला से लाभ प्राप्त होई। कवनो परिचित के मिलला से रुकल काम पूरा होई। परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई। नया वाहन भा मकान किन सकत बानी।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन जातक के समस्याग्रस्त रहे वाला बा। बेकार के जतरा से तनाव महसूस करेम। आज जातक देह के समस्या से व्यथित रही लो, मौसमी बेमारियन के प्रकोप बनल रही। आज महत्वपूर्ण काम विलम्ब से चली। धन संबंधित समस्या के सामना करे के पड़ सकत बा, बेकार के खरचा अइला से मन दुखी होई। आज काम के क्षेत्र में कवनो तरे के  जोखिम से बचीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज जातक के आत्मविश्वास बढ़ल रहे वाला बा। रुकल काम आज पूरा होई। बेवहार कुशलता से बिगड़ल काम सुलझा लेम। विद्यार्थियन के प्रतियोगी परीक्षा में सफलता प्राप्त होखे के संभावना बा।बेववसाय में बढ़न्ती के जोग बन रहल बा। खान-पान संयमित रखीं। माथा के दरद से जुड़ल समस्या के सामना करे के पड़ सकत बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन जातक के मान सम्मान में बढ़न्ती करावे वाला होई। बेयपार में धन के बढ़न्ती होई। आज बेवसाय में लाभ के सौदा हाथ लागी। नौकरी-पेशा जातक के काम के सराहना उच्च अधिकारियन द्वारा कइल जाई। बेवसायिक जतरा से लाभ हो सकत बा। सेहत सामान्य रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज जातक अपना बुद्धि से बिगड़ल कामो के बनी ली लो। आत्मविश्वास में बढ़न्ती होई। आज आकस्मिक पुरान संघतिया से मुलाकात हो सकत बा जवना से मन प्रसन्न होई। सरकारी काम के लेके भाग-दउर करे के पड़ी। आज माता से लाभ होखे के संभावना बा। सांझ के समय जीवनसाथी के संगे नोकझोंक होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन जातक के व्यस्तता से भरल रहे वाला बा। काम जादे रहला के कारण मन मे बिना मतलब क्रोध रही, सलाह दिहल जात बा कि जल्दबाजी में काम मत करीं। मन में अकारण भय व्याप्त रही। छोट भाई से बाद विवाद हो सकत बा सतर्क रहीं। बेकार के खरचा होखला के कारण आर्थिक परेसानी में आ सकत बानी। पैदल चले में सावधानी बरती। दुर्घटना होखे के जोग बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन जातक सामान्य घर के कामन में व्यस्त रहिहें। एक के बाद एक काम से तनाव महसूस कs सकत बानी। आर्थिक दृष्टिकोण से आज के दिन अच्छा नइखे। खरचा जादे होई। नौकरीपेशा जातक अधिकारियन से सतर्क रहे। दिन के अंत तक आकस्मिक काम अइला से जतरा करे के पड़ सकत बा। भोजन समय पs करीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन जातक खातिर सामान्य रही। काम के क्षेत्र में राउर काम के प्रशंसा होई। आज करीबी व्यक्ति से सावधान रहीं। रउआ आपन रहस्य भावुकता में आके केहू के संगे साझा मत करीं। पारिवारिक वातावरण में शांति रही। परिवार के संगे धार्मिक यात्रा के प्लान बनाई। सर्दी जुकाम के सामना करे के पड़ सकत बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज जातक अपना अगल-बगल के वातावरण खुसनुमा बनाई। लोग रउआ बातन से प्रभावित होई। कार्यक्षेत्र में सहकर्मी सहजोग प्रदान करी लो। दिन के बीच में आकस्मिक धन प्राप्त हो सकत बा। कवनो पुरान मित्र से फोन पs बातचीत होई। धन निवेश के पहिले अनुभवी व्यक्ति के सलाह जरुर लीं। जीवनसाथी के स्वास्थ के लेके चिंतित रह सकत बानी।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन जातक के उमेद के मोताबिक रहे वाला बा। महत्व के काम समय पs पूरा होखला के कारण मन प्रसन्न रही। आज काम के जगह पs कुछ लाभप्रद सौदा हाथ आई, जवना से भविष्य में लाभ होई। आर्थिक योजना आज सफल रही। रिश्तेदारन से कवनो असुभ समाचार प्राप्त हो सकत बा। स्वास्थ में उतार-चढ़ाव लागल रही।

547190cookie-check17 मई 2023 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.