Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

20 मई 2023 के राशिफल

960

दिनांक-20/05/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

 रात में 09 बजके 31 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वितीया।

दिन- सनीचर।

कृतिका नक्षत्र

दिन में 08 बजके 02 मिनट ले,

ओकरा बाद रोहिणी नक्षत्र।

 अतिगण्ड जोग

दिन में 05 बजके 18 मिनट ले,

ओकरा बाद सुकर्मा जोग।

किस्तुघन करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 21/05/2023

ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वितीया

रात में 10 बजके 09 मिनट ले।

दिन- अतवार।

रोहिणी नक्षत्र

रात में 09 बजके 04 मिनट ले।

 सुकर्मा जोग

दिन में 04 बजके 43 मिनट ले।

 बालव करण ।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर अच्छा रहे वाला बा। सोचल काम आज पूरा होई आ बेयपार नया पाटनर बन सकत बा। न्यायलय पक्ष के काम में विजय मिली। परिवार आ पत्नी के सहजोग प्राप्त होई। स्वास्थ ठीक रही। अधिकारियन से सम्मान प्राप्त होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज राउर काम में अड़चन आ सकत बा। नया काम के सुरूआत खातिर रउआ अभी इंतजार करे के पड़ सकत बा। परिवार के लोगन से वाद-विवाद हो सकत बा। कवनो अपना से बहुत समय बाद मिलल होई। बेयपार-बेवसाय में नया अवसर बनी। संघतिया के सहजोग मिली।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ अपना स्वास्थ के धेयान रखीं। स्वास्थ में गिरावट आ सकत बा, जवना कारण मन अशांत रही। कवनो नया काम के सुरुआत आज मत करीं। वाहन चलावे में सावधानी बरतीं। बेकार के वाद-विवाद से दूर रहीं। आज अकास्मिक दुर्घटना रउआ संगे घट सकत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज राउर मन अपनन के बेवहार के चलते खिन्न रही। बेयपार मे रूकावट आई, कवनो बड़ काम आज रउआ हाथ से निकल सकत बा। कवनो काम के चलते रउआ जेकरा से मदद की उम्मीद रख रहल बानी, ऊ समय पs रउआ के धोखा दे सकत बा। पत्नी से मतभेद खतम होई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर अच्छा होई। मान-सम्मान में बढ़न्ती होई। कवनो पुरान केस खतम होई आ विरोधी परास्त होई लो। रउआ आज बेयपार मे बड़ निवेश कs सकत बानी, कवनो विशेष व्यक्ति से राउर मिलल होई, जवना से आवे वाला समय में रउआ लाभ होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन राउर उतार चढाव वाला रही, अपना स्वास्थ के लेके रउआ चिंतित हो सकत बानी, बेयपार बेवसाय में कवनो बड डिसीजन सोच विचार कs के लीं,परिवार में विवाद के इस्थिति बनी जवना कारण रउआ बेकार में  परेसान रहेम। बोली पs आपन संयम रखीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रउआ बाहर के जतरा आदि पs मत जाई। पत्नी के स्वास्थ बिगड़ सकत बा। वाहन चलावत घरी तानिका संभलके चलीं। परिवार में केहू से आज रउआ मदद प्राप्त होई। कवनो नया काम के रूप-रेखा बेयपार खातिर बन सकत बा। संघतिया लोगन के सहजोग मिली।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन रउआ कवनो विवाद में उलझ सकत बानी। रउआ के षडयंत्र में फसावल जा सकत बा एहिसे संभरके रही। काम के भाग-दउर के कारण स्वास्थ में गिरावट महसूस करेम। बेयपार-व्यवसाय में पाटनर से धोखा मिल सकत बा। आज रउआ बड़ लेन-देन मत करीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन रउआ कवनो नया बेपार आदि सुरू कs सकत बानी। निमन लोगन से आज राउर संपर्क बनी। नौकरी आदि के क्षेत्र में सम्मान बढ़ी। कवनो पुरान विवाद से आज रउआ मुक्ति पाएम। परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होंई। धार्मिक जतरा पs जा सकत बानी।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज रउआ खान-पान पs धेयान रखे के होई, ना तs राउर स्वास्थ खराब हो सकत बा। कवनो लमहर जतरा पs रउआ मत जाई। बेयपार नौकरी में अपना अधिकारियन से मतभेद उत्पन्न हो सकत बा। केहू के बेयपार में बड़ रकम उधार मत दीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रउआ केहू अपना के बेवहार से अपमानित महसूस कs सकत बानी। बेयपार में रूकावट आई। कवनो आपन व्यक्ति विवाद के इस्थिति निर्मित करी बेयपार आदि में। आज कवनो नया वाहन भा भवन मत किनी। वाद-विवाद से दूर रहीं आ वाहन आदि के उपयोग में सतर्कता बरती।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज रउआ परिवार के संगे कहीं बाहर घूमे जा सकत बानी। कवनो विशेष व्यक्ति के संपर्क में आवे से राउर कवनो बहुत पुराना काम पूरा होई। बेयपार-बेवसाय में कवनो नया काम आज रउआ सुरू मत करीं। काम के क्षेत्र में केहू पs जादे विश्वास कइल रउआ खातिर नुकसान पहुंचा सकत बा। अपना स्वास्थ के धेयान रखीं।

549760cookie-check20 मई 2023 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.