Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

18 जुलाई 2024 के राशिफल

315
Google Ads 300*250 for posts

दिनांक-18/07/2024

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वादशी

रात के 08 बजके 44 मिनट ले,

ओकरा बाद त्रयोदशी।

दिन- बियफे।

ज्येष्ठा नक्षत्र

रात के 03 बजके 25 मिनट ले,

ओकरा बाद मूल नक्षत्र।

शुक्ल जोग

सबेरे के 06 बजके 12 मिनट ले,

ओकरा बाद ब्रह्म जोग।

बव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 19/07/2024

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

रात के 07 बजके 41 मिनट ले।

दिन- सुक।

मूल नक्षत्र

रात के 02 बजके 55 मिनट ले।

इन्द्र जोग

रात के 02 बजके 40 मिनट ले।

कौलव करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

भाग-दउर रही, संघतिया के सहजोग मिली, बहुते उमेद के काम पूरा होई, नौकरी में उन्नति होई, बहस से बची, आर्थिक ममिला आगा बढ़ी, स्वास्थ के लेके जागरूक रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

कवनो काम के लेके चिंता रही, शिक्षा में बढ़न्ती होई, स्वास्थ के लेके जागरूक रही, बेवसाय में सफलता मिली, मान-सम्मान बढ़ी, पारिवरिक जिम्मेवारी पूरा होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आर्थिक पक्ष मजबूत होई, बेवसायिक कोसिस सफल होई, जीवन साथी के सहजोग मिली, स्वास्थ से जुड़ल दिक्कत सुरू हो सकेला, भाग-दउर रही, संघतिया के सहजोग मिली, बहुते उमेद के काम पूरा होई।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

कवनो अइसन आदमी से भेंट होई जे राउर जिनगी में सकारात्मक ऊर्जा प्रदान करे वाला होई, संतान के सुख मिली, शिक्षा में बढ़न्ती होई, स्वास्थ उत्तम रही, संघतिया के सहजोग मिली।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

बेवसायिक कोसिस सफल होई, शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई, जीवन साथी के सहजोग मिली, रचना के काम सफल होई, संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। माई-बाबुजी के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आत्म विस्वास बढ़ी, पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी, जीवन साथी के सहजोग मिली, बहुत उमेद के काम पूरा होई, नौकरी में बढ़न्ती होई, स्वास्थ से जुड़ल लाभ मिली।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम लगाई, बहस से बची, आर्थिक ममिला में सावधानी बरतीं, बेवसाय में लाभ होई, स्वास्थ के लेके जागरूक रही, जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई, जीवन साथी के सहजोग मिली।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी, जीवन साथी के सहजोग मिली, रचना के काम सफल होई, शिक्षा में बढ़न्ती होई, स्वास्थ उत्तम रही, भाग-दउर रही, मानसिक तनाव बन सकेला।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

मानसिक तनाव बन सकत बा। भाग-दउर रही, संघतिया के सहजोग मिली, बहुते उमेद के काम पूरा होई, नौकरी में उन्नति होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

धन लाभ मिली, आर्थिक ममिला में सुधार होई, संतान के सुख मिली, शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई, नौकरी में उन्नति होई, कवनो काम के लेके चिंता रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

पारिवारिक जिनगी सुख से भरल रही, संतान के जिम्मेवारी पूरा होई, स्वास्थ उत्तम रही, भाग-दउर रही, संघतिया के सहजोग मिली, रचना के काम सफल होई, जीवन साथी के सहजोग मिली, मान-सम्मान बढ़ी।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

जतरा के संजोग बन रहल बा, कवनो काम के लेके चिंता रही, स्वास्थ के लेके जागरूक रही, बाबूजी के सहजोग मिली, शिक्षा में बढ़न्ती होई।

898610cookie-check18 जुलाई 2024 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.