Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

15 सितंबर 2024 के राशिफल

299
Google Ads 300*250 for posts

दिनांक-15/09/2024

श्री गणेशाय नम:

आज के पंचांग

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वादशी

सांझ के 06 बजके 12 मिनट ले,

ओकरा बाद त्रयोदशी ।

दिन- अतवार।

श्रवण नक्षत्र

सांझ के 06 बजके 49 मिनट ले,

ओकरा बाद धनिष्ठा नक्षत्र।

अतिगण्ड जोग

दिन के 03 बजके 13 मिनट ले,

ओकरा बाद सुकर्मा योग ।

बव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 16/09/2024

भाद्रपद शुक्ल पक्ष

तिथि- त्रयोदशी

दिन के 03 बजके 10 मिनट ले।

दिन- सोमार।

धनिष्ठा नक्षत्र

दिन के 04 बजके 33 मिनट ले।

तैतिल जोग

दिन के 03 बजके 10 मिनट ले।

तैतिल करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

संतान के तरफ से शुभ समाचार मिल सकेला। बतकही करत घरी खुद पs नियंत्रण राखीं। संघतिया लोगन से मुलाकात हो सकेला। भौतिक सुख-सुविधा में बढ़न्ती होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

अपना खीस पs लगाम राखीं। कवनो बात से मन परेसान हो सकेला। दाम्पत्य जिनगी में खुशहाली बनल रही। नौकरी में कुछ बदलाव हो सकेला, धन प्राप्ति के जोग बन रहल बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

नौकरीपेशा लोगन के दफ्तर में वरिष्ठ अधिकारियन के सहजोग मिली। कारोबार में बढ़न्ती के जोग बन रहल बा। कवनो जतरा पs जा सकेनी। आज मेहनत जादे करे के पड़ सकेला।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज रउआ माई-बाबुजी से आर्थिक लाभ हो सकेला। बेकार के विवाद में पड़े से बची। नौकरी में प्रमोशन मिल सकेला। धार्मिक कामन में रुचि बढ़ सकेला।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

खान-पान में रुचि बढ़ी। मन खुश रही। आत्मविश्वास से भरल रहब बाकिर जादे उत्साहित होखे से बांची। खुद पs नियंत्रण राखी। दोस्तन के सहजोग से अटकल काम पूरा हो सकत बा। कारोबरियन के लाभ मिल सकेला।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आमदनी में बढ़न्ती होई। बाबूजी के आउर निचिका आइब। पढ़े आ पढ़ावे में रुचि बढ़ी। आमदनी में बढ़न्ती के संगे खर्चो बढ़ी। शैक्षिक कामन खातिर विदेश यात्रा पs जा सकेनी। करियर में कइल गइल मेहनत के फल आज मिली। लोग राउर सरहाना करी। नया नौकरी के अवसर मिल सकत बा। माथा के दरद से परेसान हो सकत बानी। बेकार के खरचा से तनाव हो सकत बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

मन मे आसा निरासा के भाव आवत जात रही। कवनो धार्मिक कामन में शामिल होखे के मौका मिली। आज कवनो बेकार के पचड़ा में पड़े से बची। भाग-दउर करे के पड़ सकेला।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

मान-सम्मान बढ़ी। कवनो पुरान संघतिया से बतकही दुबारा शुरू हो सकेला। आमदनी में बढ़न्ती होई। काम के क्षेत्र में बढ़न्ती जोग बनत लउकत बा। परीक्षा के कामन में सफलता मिली।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज नौकरी के काम से कही जतरा पs जाये के पड़ सकेला। आपन सेहत के खेयाल राखीं। माई-बाबूजी के सानिध्य भेंटी। लमहर समे से अटकल काम आज गति पकड़ी।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आपन सेहत के खेयाल राखीं। कारोबार में बढ़न्ती के जोग बन रहल बा। आर्थिक स्तिथी बेहतर होई। दाम्पत्य जिनगी में मधुरता आई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

मन मे प्रसन्नता रही बाकिर आपन भावना पs काबू राखीं। बाबूजी के सेहत के खेयाल राखीं। संघतिया के सहजोग मिली। दफ्तर में कुछ समस्या आ सकेला।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

पाठन के काम मे मन लागी। वैवाहिक जिनगी में कड़वाहट पैदा हो सकेला। क्रोध करे से बची। खान-पान के प्रति रुचि बढ़ी। नौकरी में प्रमोशन के जोग बन रहल बा।

959440cookie-check15 सितंबर 2024 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.