दिनांक- 14/01/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
माघ कृष्ण पक्ष
तिथि- एकादशी
दिन के 05 बजके 53 मिनट ले,
ओकरा बाद द्वादशी।
दिन- बुध।
अनुराधा नक्षत्र
रात के 03 बजके 03 मिनट ले,
ओकरा बाद ज्येष्ठा नक्षत्र।
गण्ड जोग
सांझ के 07 बजके 55 मिनट ले,
ओकरा बाद वृद्धि जोग।
बालव करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 15/01/2026
माघ कृष्ण पक्ष
तिथि- द्वादशी
रात के 08 बजके 16 मिनट ले।
दिन- बियफे।
ज्येष्ठा नक्षत्र
भोर के 05 बजके 47 मिनट ले।
वृद्धि जोग
दिन के 08 बजके 37 मिनट ले।
तैतिल करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

धन के ममिला में सावधानी बरतीं। फिजूलखर्ची से बचे के जरूरत बा। परिवार में बुजुर्गन के सलाह फायदेमंद रही। नौकरी में इस्थिरता बनल रही।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज दिन भाग्यशाली बा। अटकल काम पूरा हो सकेला। बेयपार में लाभ के जोग बा। संघतिया से मुलाकात मन खुस कs दी।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

मन तनिका बेचैन रह सकेला। काम के दबाव महसूस होई। घर में शांति बना के रखे के कोसिस करीं। स्वास्थ्य के लिहाज से दिन सामान्य बा।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज सम्मान बढ़े वाला दिन बा। नौकरी में पद भा जिम्मेदारी बढ़ सकेला। परिवार में खुसखबरी मिली। निवेश के फैसला सोच-समझ के लीं।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज मेहनत के पूरा फल मिली। पढ़ाई-लिखाई में सफलता मिली। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। सेहत ठीक रही।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज संतुलन बनाके चले के दिन बा। रिश्ता में मधुरता बनल रही। बिजनेस में नया समझौता हो सकेला। वाहन चलावे में सावधानी बरतीं।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

गुप्त शत्रु से सतर्क रही। कामकाज में रुकावट आ सकेला, बाकिर धैर्य से सब संभर जाई। संतान पक्ष से सुख मिली।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

जतरा के जोग बा। नौकरी भा बेयपार खातिर बाहर जाये के मवका मिली। दिन कुल मिलाके सुभ बा। सेहत ठीक रही।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज जिम्मेदारी बढ़े के जोग बा। मेहनत जादे करे के पड़ी, बाकिर फायदा जरूर मिली। परिवार के सहजोग से मनोबल बढ़ी।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
नया काम सुरू करे के सही समय बा। आर्थिक लाभ के संकेत बा। संघतिया से सहजोग मिली। प्रेम जिनगी में मधुरता आई।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज भावनात्मक रूप से मजबूत रहेम। रुकल काम पूरा हो सकी। खरचा पs नियंत्रण जरूरी बा। ध्यान आ पूजा से मन शांत रही।







