13 फरवरी 2025 के राशिफल

राशिफल

Share

दिनांक- 13/02/2025
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

फाल्गुन कृष्ण पक्ष प्रतिपद

तिथि- प्रतिपदा

रात के 08 बजके 22 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वितीया।

दिन- बियफे।

मघा नक्षत्र

 रात के 09 बजके 07 मिनट ले,

ओकरा बाद  पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र।

शोभन जोग

सबेरे के 07 बजके 31 मिनट ले,

ओकरा बाद अतिगण्ड जोग।

 बालव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक-14/02/2025

फाल्गुन कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वितीया

रात के 09 बजके 52 मिनट ले।

दिन- सुक।

पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र

रात के 11 बजके 09 मिनट ले।

अतिगण्ड जोग

सबेरे के 07 बजके 20 मिनट ले।

तैतिल करण।

 

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिने भाग्य राउर साथ दिही। लमहर समय से रूकल काम पूरा होई। प्रतियोगिता खातिर मेहनत कर रहल विद्यार्थी लोग आगे बढ़त रहो, सफलता जरूर मिली।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन सुभ बा। आज इक्षा के मोताबिक सब काम पूरा होई। दाम्पत्य जिनगी सुख से भरल रही। कवनो नया बेयपार में धन निवेश करे के विचार आ सकत बा।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आत्म बिस्वास से भरल रहेम। धन के ममिला में कइल गइल कोसिस सकारात्मक परिणाम दी। राजनीतिक आ सामाजिक क्षेत्र से जड़ल लोगन के सभा मे सामिल होखे के मौका मिली।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

जवन काम करे के सोच रहल बानी ओकर प्लानिंग पहिले से कs लेब तs बेहतर रही। बेयपारियन के लाभ होई। सेहत के खेयाल राखीं। पढ़ाई के ममिला में नया अवसर प्राप्त होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज खर्चन पs नियंत्रण राखीं। कवनो रिश्तेदार से कवनो उपहार मिल सकेला जवना के देख के बहुत खुसी होई। कवनो संघतिया से मुलाकात हो सकत बा।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

रोजगार के तलाश में बानी तs कवनो सुभ समाचार मिल सकत बा। नौकरीपेशा लोगन के तरक्की मिली। बेयपार में लाभ मिल सकेला।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिने काम अधिका होई। संघतिया से कवनो लाभ मिल सकेला। नाया साझेदारी से जुड़े के जोग बन रहल बा। भौतिक सुख-सुविधा पs खरचा होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन विद्यार्थियन आ नौकरीपेशा लोगन खातिर सुभ रही। घर में कवनो मांगलिक कार्यक्रम हो सकेला। आमदनी में कमी के होखला के संकेत बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

स्वास्थ के खेयाल राखीं। धीर से काम लीं। संघतिया के सहजोग मिली। मन में असंतोष के भाव पैदा हो सकत बा। अनियोजित खरचा बढ़ सकत बा।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज मन मोताबिक काम पूरा होई। विरोधियन के परास्त करे में सफल रहेम। बेयपार में बढ़न्ती सम्भव बा। खरचा नियंत्रण में रही। कवनो नाया काम के करे ला दिन अनुकूल रही।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आर्थिक लाभ होई। नौकरी में प्रमोशन मिल सकत बा। भावना के नियंत्रण में राखी। परिवार में केहू धार्मिक काम कs सकत बा। भौतिक समृद्धि होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

कवनो पुरान संघतिया से समूचा गिला शिकवा भुला के आगा बढ़ेम। विद्यार्थी अपना करियर के लेके जुटल रहे लो। योजना बना के कवनो काम के अंजाम देला से उन्नति जरूर मिली।

Read Also: Health News: खाना में कम सोडियम वाला नमक करीं इस्तेमाल, WHO के गाइडलाइन आइल सामने

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-