दिनांक-12/10/2023
श्री गणेशाय नम:
आज के पंचांग
आश्विन कृष्ण पक्ष
तिथि- त्रयोदशी
रात के 07 बजके 54 मिनट ले,
ओकरा बाद चतुर्दशी।
दिन- बियफे।
पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र
दिन के 11 बजके 36 मिनट ले,
ओकरा बाद उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र।
शुक्ल जोग
दिन के 09 बजके 30 मिनट ले,
ओकरा बाद ब्रह्म जोग।
गर करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक-13/10/2023
आश्विन कृष्ण पक्ष
तिथि- चतुर्दशी
रात के 09 बजके 51 मिनट ले।
दिन- सुक।
उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र
दिन के 02 बजके 11 मिनट ले।
ब्रह्म जोग
दिन के 10 बजके 05 मिनट ले।
विष्टि करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)
आज रउआ मिश्रित परिणाम मिली। राउर कार्यस्थल पs उतार-चढ़ाव बनल रही। मौसम के रोग से प्रभावित हो सकत बानी। अज्ञात भय से ग्रसित रहेम। मन खिन्न हो सकत बा। स्वास्थ के प्रति सचेत रहीं।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
आज राउर काम में संघतिया के समर्थन मिल सकत बा। लोग राउर मदद करे खातिर हर तरे से तइयार रही। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पूरा होई। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)
रचना के कोसिस फलीभूत होई। घर से जुड़ल कामन में तनाव रही। राजनीतिक महत्वाकांक्षा के पूर्ति होई। संघतिया आ संबंधियन के खबर से आनंदित होखेम। पुरान बांचल काम पूरा कs सकत बानी।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)
रचना के कोसिस सफल होई। शासन सत्ता के सहजोग मिली। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। बेवसायिक सन्दर्भ में नया उद्यम के सुरुआत हो सकत बा भा एगो नया सौदा के अंतिम रूप दिहल जा सकत बा।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)
बेवसायिक प्रयास सार्थक होई। रिश्तन में निकटता आई। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। आज रउआ सब लोगन के पूरा-पूरा सहजोग मिली। आपन विचार दूसरन के सामने जाहिर करे आ दूसरन के अपना विचारन से सहमत करावे में रउआ बहुत हद तक सफल रहेम।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)
आर्थिक ममिलन में सुधार होई। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। शासन सत्ता के सहजोग रही। बेकार के भाग-दउर रही। तुला राशि वाला कवनो निर्णय से पहिले भली-भांति विचार कs लेवे। काहेकि राउर जल्दबाजी के लाभ विरोधी उठा सकत बा लो।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)
रउआ अपना संपर्कन के कारण बेयपारिक आ बेवसायिक सन्दर्भ में आज महत्वपूर्ण निर्णय ले सकत बानी। स्वास्थ के प्रति सचेत रहीं। कवनो अइसन घटना हो सकत बा जवन रउआ हित में ना होखे। भाग-दउर रही।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)
आज राउर दिन फेवरेबल रही। राउर सब काम मन-मोताबिक पूरा होई। रउआ लईकन के संगे खुसी के पल बितायेम। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पूरा होई। सृजन निर्माण शोध के दिशा में सफलता मिल सकत बा। चल भा अचल संपत्ति के दिशा में प्रगति होई।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)
बाबूजी भा संबंधित अधिकारी के सहजोग रही। आर्थिक ममिलन में सुधार होई। संतान के बेवहार से चिंतित हो सकत बानी। रउआ स्त्रीवर्ग से लाभ होई। मकान-वाहन प्राप्ति के अच्छा जोग बा। प्रिय व्यक्ति के साथ मिल सकी। घर परिवार के ममिला में धन खर्च हो सकत बा।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
बेवसायिक कोसिस सार्थक होई। धन, यश, कीर्ति में बढ़न्ती होई। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। आर्थिक ममिला आगे बढ़ी। नौकरीपेशा जातक आज काम के बेसी बोझ महसूस कs सकत बा लो। बेयपारी आ बेवसायी वर्ग आपन डेग विश्वास के संगे आगे बढ़ावे, बाकिर आक्रामकता से बचीं।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)
धन, यश, कीर्ति में बढ़न्ती होई। रिश्तन में निकटता आई। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आज राउर दिन अच्छा रही। कवनो सुभ समाचार के मिले के जोग नजर आ रहल बा।