Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

11 जून 2023 के राशिफल

589
Google Ads 300*250 for posts

दिनांक-11/06/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- अष्टमी

 दिन के 12 बजके 06 मिनट ले,

ओकरा बाद नवमी।

दिन- अतवार।

पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र

दिन के 02 बजके 32 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तरभाद्रपद नक्षत्र।

 प्रीति जोग

दिन के 10 बजके 10 मिनट ले,

ओकरा बाद आयुष्मान जोग।

कौलव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 12/06/2023

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- नवमी

दिन के 10 बजके 35 मिनट ले।

दिन- सोमार।

उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र

दिन के 01 बजके 49 मिनट ले।

 आयुष्मान जोग

दिन के 07 बजके 52 मिनट ले।

 गर करण ।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज राउर ज्यादातर समय आराम में बिती। आज आमदनी के नया स्रोत मिल सकत बा। कवनो रिश्तेदार के इहां जाइल हो सकत बा। जीवनसाथी के स्वभाव खुशमिजाज रही। आज सांझ के समय रउआ लईकन के संगे बिताएम। कहीं बाहर जाके डिनर करे के प्रोग्राम बना सकत बानी। ठंडा पदार्थन के सेवन करे से बचीं ना तs बेमार पड़ सकत बानी।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज राउर दिन सकारात्मक ऊर्जा से भरल रही। सब क्षेत्रन में रउआ बेहतर प्रदर्शन करेम, जवना के चलते रउआ आसपास के लोगन से सराहना मिली आ मन प्रसन्न रही। जीवनसाथी से प्रोत्साहन मिली। निवेश खातिर आज के दिन फायदेमंद बा। आज रउआ नया घर भा वाहन किने  के विचार बना सकत बानी। शुक्र चउथा भाव में होखे के कारण माई के भरपूर सहजोग प्राप्त होई। जे विद्यार्थी बिदेस जाके अध्ययन प्राप्त कइल चाहते बा ओकरा सफलता प्राप्त हो सकत बा।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज राउर दिन व्यस्त रहे वाला बा। काम के अधिकता के कारण महत्वपूर्ण काम जल्दबाजी में करे से बचीं। रउआ सतर्क रहे के जरूरत बा काहेकि धन खरच हो सकत बा। कवनो रिश्तेदार के द्वारा धन उधार मांगल जा सकत बा। धन के सही तरीका से निवेश करीं। नया दोस्त बनी। संतान से सुख प्राप्त होई। स्वास्थ सामान्य रही।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन आर्थिक दृष्टिकोण से अच्छा नइखे। आज राउर आर्थिक इस्थिति डगमगा सकत बा। संघतियन, रिश्तेदारन भा केहू निचिका के व्यक्ति से आर्थिक मदद मिल सकत बा। आपन निजी राज केहू के सामने उजागर मत करीं ना तs परेसानी में फंस सकत बानी। छोटी-मोट मौसमी बेमारी के सामना करे के पड़ सकत बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज राउर दिन आनंदमय रहे वाला बा। जीवनसाथी के भरपूर सहजोग मिली। कवनो चलल आ रहल पुरान बेमारी से निजात मिल सकत बा। धन के बचत के लेके सक्रिय रहेम। बड़ बुजुर्गन के सलाह लीं  आ अनुभव के लाभ उठाई। आज कवनो प्रभावशाली व्यक्ति के संपर्क में आएम, जेकरा से भविष्य में लाभ होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज रउआ कवनो चिंता आ असुरक्षा के भावना से ग्रसित रह सकत बानी। कवनो महत्वपूर्ण काम समय पs पूरा ना होखला के कारण तनाव महसूस करेम। परिवार के बड़ बुजुर्गन के संगे धार्मिक यात्रा पs जाये के विचार बना सकत बानी। आज इलेक्ट्रॉनिक चीजन के सावधानी से उपयोग करीं। आज कवनो प्रकार के अहंकार से बचीं, ना तs बनल बनावल काम बिगड़ सकत बा। पार्टनर के संगे मधुरता बना के रखीं। रउआ परिवार के खुशियन के खातिर अनावश्यक धन खर्च कs सकत बानी।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिन जातक के अस्त-व्यस्त रहे वाला बा।धैर्य से काम करीं। कवनो महत्वपूर्ण काम समय पs पूरा ना होखला के कारण तनाव महसूस कs सकत बानी। सबेरे-सबेरे पड़ोसी के संगे विवाद हो सकत बा। दिन के बीच में आकस्मिक धन लाभ होखे के जोग बा। जीवनसाथी के स्वास्थ के लेके चिंतित रहेम। माथा में दरद के समस्या के सामना करे के पड़ सकत बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर आर्थिक रूप से अच्छा रहे वाला बा। धन प्राप्ति के संभावना बा। जीवन साथी के संगे समय व्यतीत करेम। संतान के भविष्य के लेके चिंतित रह सकत बानी। स्वास्थ्य में उतार-चढ़ाव बनल रही। प्रतिकूल परिस्थितियन में रउआ धैर्य आ साहस से काम करेम।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज राउर दिन मिलल जुलल रहे वाला बा। भोर  के समय मन खुस रही। पूजा-पाठ धार्मिक कामन में रुचि बढ़ी। अध्यात्म के ओर झुकाव रही। सांझ के बेरा धन के हानि होखे के संभावना बा। बिना मतलब घर के छोट-छोट चीजन पs धन खर्च हो सकत बा। जीवन साथी के संगे वाद विवाद के इस्थिति बन सकत बा। जवना कारण मानसिक तनाव महसूस कs सकत बानी। पेट में दरद के शिकायत रह सकत बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन सामान्य रही। आज कइयन  गो महत्वपूर्ण निर्णय लेवे के पड़ सकत बा। आज के दिन जातक मनोरंजन के साधनन पs व्यतीत करी। परिवार के संगे धार्मिक यात्रा पs जाये के प्लान बना सकत बानी। केहू के दिहल पुरान धन वापस आ सकत बा। नया निवेश के योजना बना सकत बानी।  कवनो अनुभवी व्यक्ति से सलाह लेके काम करीं।खानपान के धेयान रखीं। गर में इंफेक्शन के शिकायत हो सकत बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर प्रतिकूल रही। सोचल योजना पूरा ना कs पइला के कारण तनाव महसूस करेम। मन में उथल-पुथल बनल रही। घर में अशांति के माहौल बनल रह सकत बा। भाइयन के संगे तकरार हो सकत बा। जीवनसाथी के स्वास्थ के लेके चिंतित रह सकत बानी। माथा में दरद, आंखिन में जलन के सामना करे के पड़ सकत बा। जादे क्रोध करे से बचीं। धैर्य से काम लीं।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर अच्छा रहे वाला बा। कइयन गो योजनन के एक संगे क्रियान्वित करेम। सफलता प्राप्त होई। आर्थिक रूप से आज के दिन अच्छा बा। जीवन साथी के संगे बाहर घूमे जा सकत बानी। परिवार में खुशनुमा वातावरण बनल रही। बुजुर्ग लोगन से आशीष प्राप्त होई। दान धर्म में रुचि बढ़ी। स्वास्थ सामान्य रही।

562180cookie-check11 जून 2023 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.