Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

10 जून 2023 के राशिफल

538

दिनांक-10/06/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- सप्तमी

 दिन के 02 बजके 02 मिनट ले,

ओकरा बाद अष्टमी।

दिन- सनीचर।

शतभिषा नक्षत्र

दिन के 03 बजके 39 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वभाद्रपद नक्षत्र।

 विषकुम्भ जोग

दिन के 12 बजके 49 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रीति जोग।

बव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 11/06/2023

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- अष्टमी

दिन के 12 बजके 06 मिनट ले।

दिन- अतवार।

पूर्वभाद्रपद नक्षत्र

दिन के 02 बजके 32 मिनट ले।

 प्रीति जोग

दिन के 10 बजके 10 मिनट ले।

 कौलव करण ।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज राउर दिन उतार-चढ़ाव से भरल रही। रउआ अपना स्वास्थ के लेके परेसान रह सकत बानी। जतरा आदि पs जाई तs वाहन आदि के उपयोग सावधानी पूर्वक करीं। बेयपार-बेवसाय में रउआ आज अच्छा परिणाम देखे के  ना मिली। अपना पार्टनर से राउर वाद-विवाद हो सकत बा। परिवार में तनाव बनल रही।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन राउर अच्छा रही। आज खुद के स्वस्थ महसूस करेम। पारिवारिक माहौल अच्छा रहे वाला बा। रउआ कवनो नया काम सुरू कs सकत बानी। कवनो विशेष व्यक्ति के माध्यम से राउर कवनो महत्वपूर्ण काम पूरा होई। पत्नी के पूर्ण सहजोग मिली।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन राउर सानदार रही। रउआ अपना परिवार आ इष्ट संघतियन के पूरा सहजोग मिली। रउआ कवनो काम खातिर बाहर जा सकत बानी। कवनो नया व्यापारिक संबंध आज रउआ खातिर लाभकारी रही। परिवार में मांगलिक काम होई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन राउर मानसिक तनाव आ उलझनन से भरल रही। रउआ परिवार में कवनो व्यक्ति के स्वास्थ के लेके बहुते परेसान रह सकत बानी। राउर मन खिन्न रही। बेयपार-बेवसाय में रउआ नुकसान उठावे के पड़ सकत बा। वाद-विवाद से दूर रहीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज राउर दिन उतार-चढ़ाव से भरल रहे वाला बा। राउर स्वास्थ बिगड़ सकत बा। स्वास्थ संबंध में सतर्क रहीं। बेवसाय में अपना पार्टनर से आप धोखा खा सकत बानी। कवनो नया काम आज सुरू मत करीं। रउआ परिवार में मतभेद के कारण पैतृक संपत्ति से वंचित होखे के पड़ सकत बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन राउर अच्छा रही। रउआ प्रसन्न रहेंम। एगो नया ऊर्जा से ओतप्रोत रहेंम।  बेयपार-बेवसाय में पुरान कवनो रुकल काम फेर से सुरू कs सकत बानी। आज कवनो वाहन आदि किन सकत बानी। परिवार में रउआ मान-सम्मान प्राप्त होई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिन राउर सानदार रही। रउआ कवनो धार्मिक जतरा आदि पs जा सकत बानी। मन आध्यात्म के ओर झुकल रही। राउर कवनो पुरान रुकल धन मिल सकत बा। बेयपार-बेवसाय में रउआ लाभ मिली आ पत्नी के स्वास्थ्य में सुधार लउकी।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज राउर दिन बेकार के भाग-दउर से भरल रही। अपना स्वास्थ के लेके चिंतित रहेंम। पत्नी के स्वास्थ् बिगड़ सकत बा। बेयपार-बेवसाय में घाटा उठावे के पड़ सकत बा। एह समय बेवसाय में परिवर्तन कइल रउआ के नुकसान दे सकत बा। कवनो बड़ राशि केहू के उधार में मत दीं, ना तs नुकसान उठावे के पड़ सकत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज राउर मन अशांत रही। कवनो बड़ परेसानी में उलझ सकत बानी। विरोधी वर्ग से रउआ बेवसाय-बेयपार आदि में नुकसान होई। कवनो नया काम आज सुरू मत करीं। परिवार में विवाद के स्थिति बानी। वाहन आदि के चलावत घरी सावधान रहीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन राउर अच्छा रही। राउर स्वास्थ में आज सुधार लउकी। रउआ आज अपना परिवार के संगे कहीं बाहर घूमे फिरे जा सकत बानी। आज राउर रुकल धन रउआ मिल सकत बा। न्यायालय पक्ष में विजय मिली। बेवसाय में लाभ प्राप्त होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज राउर मन प्रसन्न रही। परिवार में मांगलिक काम होई। रउआ नया बेयपार-बेवसाय आज सुरू कs सकत बानी। कवनो बड़ साझेदारी आज राउर हो सकत बा। बेयपार के क्षेत्र में परिवार आ समाज में मान-सम्मान बढ़ी। पत्नी से मतभेद दूर होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन राउर सामान्य रही। कवनो स्वास्थ संबंधी परेसानी, परेसान कs सकत बा। कवनो परिचित व्यक्ति से आज रउआ नुकसान उठावे के पड़ सकत बा। राउर कवनो बड़ काम आज रुक सकत बा। वाद विवाद से खुद के दूर रखीं।

560340cookie-check10 जून 2023 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.