Gorakhpur News: 10 SDM आ 3 तहसीलदार के ट्रांसफर: DM सभे के कार्यक्षेत्र बदललें

Anurag Ranjan
10 SDM आ 3 तहसीलदार के ट्रांसफर: DM सभे के कार्यक्षेत्र बदललें

गोरखपुर। DM कृष्णा करूणेश प्रशासनिक फेरबदल करत 10 SDM आ ASDM के संगे-संगे तीन तहसीलदारन के कार्यक्षेत्र में बदलाव के आदेश जारी कइले बाड़ें। सब अधिकारियन के तत्काल आपन-आपन कार्यभार संभारे के निरदेस दिहल गइल बा।

नया SDM के नियुक्ति

सहायक कलेक्टर प्रशिक्षण शिशिर कुमार सिंह के कैंपियरगंज के SDM नियुक्त कइल गइल बा, एकरा संगही उनका के SDM न्यायिक के अतिरिक्त जिम्मेदारियाे सउपल गइल बा। ओहिजा, कैंपियरगंज के SDM रोहित मौर्या के चौरीचौरा के SDM बनावल गइल आ चौरीचौरा के SDM प्रशांत वर्मा के गोला के नया SDM नियुक्त कइल गइल बा। SDM न्यायिक चौरीचौरा प्रदीप सिंह के बांसगांव के SDM बनावल गइल बा।

एकरा के जरूर देखीं: NAZARIA| नजरिया | MADDHIM | PARITOSH TRIPATHI| ARUNA GIRI | PRATIMA YOGI |YAYAWARI VIA BHOJPURI |

आउर महत्वपूर्ण बदलाव

एकरा अलावे, SDM न्यायिक गोला आ खजनी, राजेश प्रताप सिंह के SDM खजनी के रूप में तैनात कइल गइल बा। SDM बांसगांव केएन तिवारी के अपर नगर मजिस्ट्रेट द्वितीय के संगे-संगे जीडीए से संबद्ध कइल गइल बा।

SDM खजनी कुंवर सचिन सिंह के ASDM सदर, SDM न्यायिक सहजनवां आरती साहू के SDM न्यायिक चौरीचौरा, ASDM सदर आ एसीएम द्वितीय सिद्धार्थ पाठक के SDM न्यायिक खजनी आ गोला और SDM गोला राजू कुमार के SDM न्यायिक बांसगांव आ सहजनवां के पद पs तैनात कइल गइल बा।

तहसीलदारन के तबादला

एकरा अलावे, गोला के तहसीलदार बृज मोहन शुक्ला के बांसगांव, बांसगांव के तहसीलदार नरेंद्र कुमार के खजनी आ खजनी के तहसीलदार कृष्ण गोपाल त्रिपाठी के गोला के तहसीलदार नियुक्त कइल गइल बा।

Read Also: ICC Rankings: अभिषेक शर्मा लगवलें बड़ छलांग, करिअर के सर्वश्रेष्ठ दूसरका पायदान पs पहुंचलें, तिलक के पछड़लें

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment