[the_ad_group id="30365"]

बिहार में 5 IPS अधिकारियन के तबादला: सारण में पहिला बेर ग्रामीण SP के तैनाती, शिखर चौधरी के मिलल जिम्मेदारी

बिहार में 5 IPS अधिकारियन के तबादला: सारण में पहिला बेर ग्रामीण SP के तैनाती, शिखर चौधरी के मिलल जिम्मेदारी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार सरकार के ओर से पुलिस प्रशासन में बड़ फेरबदल करत 5 आईपीएस अधिकारियरन के तबादला कइल गइल बा। गृह विभाग के ओर से जारी अधिसूचना के अनुसार, सबसे महत्वपूर्ण बदलाव सारण जिला में कइल गइल बा, जहां पहिला बेर ग्रामीण एसपी के नियुक्ति कइल गइल बा।

मोतिहारी सदर के एसडीपीओ शिखर चौधरी के सारण के पहिला ग्रामीण एसपी बनावल गइल बा। एह नियुक्ति से जिला में दुगो एसपी कार्यरत होई, जेकर मुख्यालय छपरा में इस्थित होई। ई डेग जिला के पुलिसिंग के आउर जादे प्रभावी बनावे खातिर उठावल गइल बा। हालांकि, ग्रामीण एसपी के कार्यक्षेत्र के विस्तृत सर्कुलर अभियो जारी होखे के बा।

आउर महत्वपूर्ण तबादलन में, दीक्षा के सीआईडी से पटना नगर एसडीपीओ-1, मोहिबुल्लाह अंसारी के सारण से मोतिहारी पकड़ीदयाल एसडीपीओ, दिव्यांजली जायसवाल के नालंदा से बगहा रामनगर एसडीपीओ आ शिवम धाकड़ के गया से मोतिहारी सदर एसडीपीओ-1 बनावल गइल बा।

एकरा अतिरिक्त, वरिष्ठ अधिकारियन के अतिरिक्त जिम्मेदारी दिहल गइल बा। एडीजी सुधांशु कुमार के यातायात विभाग के अतिरिक्त प्रभार आ आईजी पी. कन्नन के आधुनिकीकरण विभाग के अतिरिक्त प्रभार सउपल गइल बा। सब अधिकारियन के शीघ्र नया पद पs कार्यभार संभारे के निरदेस दिहल गइल बा। ई फेरबदल राज्य के कानून बेवस्था के आउर मजबूत करे के दिशा में एगो महत्वपूर्ण कदम मानल जा रहल बा।

Read Also: रोहित शर्मा सबसे जादे वनडे सिक्स लगावे वाला दूसरका बैटर: आपन सेकेंड फास्टेस्ट सेंचुरी लगवलें, विराट के 329 इंटरनेशनल कैच पूरा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]