भोर के दस बड़ खबर

कुमार आशू
  1. नेशनल हेराल्ड केस : राहुल से आज तीसरको दिन होई ईडी के पूछताछ, अकबर रोड में धारा 144 लागू।
  2. आप सरकार के मंत्री सत्येंद्र जैन के दावा… कोरोना से चल गइल रहे हमार याददाश्त।
  3. सरकार लेहलस युवा लोग की सुध, 10 लाख पद पर केंद्रीय विभागन में डेढ़ साल में होई भर्ती, राहुल बोलले- नौकरियन पर ‘न्यूज’ बनवले में विशेषज्ञ।
  4. मध्यप्रदेश में रेप के आरोपी बिहार में जादूगर बन के देखावत रहल करतब, पुलिस पहिले शो देखलस फिर इनामी आरोपी के पकड़लस।
  5. थोक महंगाई 15.88 फीसदी, 30 साल में सबसे ज्यादा।
  6. आज जारी होई यूपी बोर्ड रिजल्ट के अधिसूचना।
  7. नवोदय विद्यालय कक्षा नौवीं के दाखिला परीक्षा के परिणाम जारी।
  8. श्रीलंका को मिलल 3500 मीट्रिक टन गैस, पीएम विक्रमसिंघे बोलले – नयका भारतीय क्रेडिट लाइन से अगले 4 महीना ले मिली मदद।
  9. एसबीआई ने एमसीएलआर में इजाफा, लागल तगड़ा झटका, महंगा होइहें वाहन अउरी होम लोन।
  10. इंग्लैंड बनाम न्यूजीलैंड टेस्ट मैच में इंग्लैंड के धमाकेदार जीत, बेयरस्टो-स्टोक्स न्यूजीलैंड के गेंदबाजन के धोअने, सीरीज में लेहनें अजेय बढ़त
Share This Article