मशरक में बैंक से ₹1.5 लाख रुपिया निकालके घर जा रहल, व्यक्ति से अपराधी रूपिया से भरल झोरा छीन के भागल

Share

बैंक से 1:50 लाख रूपिया निकालके बाइक से घर जा रहल बाइक सवार दु गो अपराधियन द्वारा रूपिया से भरल झोरा झपटा मार के ले भागल गइल। पुलिस अपराधियन के पकड़े खातिर लगातार छापामारी अभियान चला रहल बिया। पीड़ित टुनटुन ठाकुर मशरक थाना कांड- 153/23 दर्ज करा के अज्ञात लोगन के अभियुक्त बनवले बाड़ें।

पीड़ित मशरक थाना क्षेत्र के दुमदुमा गांव निवासी भारतीय स्टेट बैंक ऑफ इंडिया चैनपुर के शाखा से मकान बनावे खातिर रूपिया निकालके घरे जात रहस। बाइक सवार अपराधी डेढ़ लाख रुपिया से भरल झोरा छीन लेले सs। घटना मशरक थाना क्षेत्र के चैनपुर पुल के लगे भइल बा। घटना के बाद पीड़ित दुमदुमा गांव निवासी टुनटुन ठाकुर थाना में प्राथमिकी दर्ज करवलें।

टुनटुन ठाकुर बतवलें कि ऊ अपना लईका के संगे बाइक पs सवार होके चैनपुर भारतीय स्टेट बैंक में मकान बनावे खातिर रूपिया निकाले गइलें। डेढ़ लाख रुपिया के निकासी कइला के बाद ऊ चैनपुर पुल के लगे जइसही पहुंचलें कि पीछे से बाइक पs सवार दु के संख्या में बदमाश उनका बाइक के ओवरटेक कs के बीच में रखल झोरा छीन मशरक के तरफ फरार हो गइले सs।

मवका पs घटना के सूचना मिलला पs प्रभारी थानाध्यक्ष आशुतोष कुमार दल बल के संगे पहुंच के ममिला में जांच पड़ताल सुरू कइलें। घटना के सूचना पs मशरक पहुंचल मढौरा एसडीपीओ इन्द्रजीत बैठा कहलें कि जल्दिये अपराधियन के पहचान कs के ममिला के पर्दाफाश हो जाई।

साभार: मशरक न्यूज

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-