[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: खेत के रखवाली करे गइल अधेड़ के माथा कूचके हत्या, हत्यारा हाथ-गोड़ तुड़ले सs 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के पीपीगंज थाना क्षेत्र के तिघरा गांव में खेत के रखवाली करे गइल शिवधर प्रसाद (55) के माथा कूचके निर्मम हत्या कs दिहल गइल। इहे ना हत्यारन द्वारा शिवधर के हाथ-गोड़ तूर दिहल गइल बा। सुक के सबेरे उनकर शव गांव के बाहर खेत में इस्थित ट्यूबेल के लगे भूसा में मिलल।

सबेरे करीब सात बजे मवका पs पहुंचल परिजन लोग पीपीगंज पुलिस के सूचना देलस। जवना के बाद स्थानीय पुलिस, डॉग स्क्वाड आ फोरेंसिक टीम पहुंचल आ जांच कइलस। पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस। ओहिजा पुलिस पूछताछ खातिर एगो महिला सहित दु लोगन के हिरासत में लिहल गइल बा।

जानकारी के मोताबिक, पीपीगंज के तिघरा गांव निवासी शिवधर प्रसाद बियफे के रात करीब ग्यारह बजे घर से गांव के दखिन ओर खेत में रखवाली करे गइल रहस। ऊ रोजाना रात के खाना खइला के बाद ऊ खेत पs जात रहस आ ओहिजा, एक कमरा के मकान में सुतत रहस।

शिवधर प्रसाद सुक के सबेरे घरे ना पहुंचल तs परिवार के लोग मवका पs जा के देखल। ओकर लाश खेत के कमरा के बाहर रखल भूसा के लगे मिलल। जब कि शव देखे से लाग रहल बा कि हत्यारन के संख्या एक से बेसी रहल होई। काहेकि मृतक शिवधर प्रसाद के माथा के कूच दिहल गइल बा। ओहिजा, हाथ-गोड़ के तूर दिहल गइल बा।

एह घटना में मृतक के पुत्र भोला प्रसाद आ सोनू कवनो दुश्मनी से इनकार कइलें बाड़े। मृतक प्राइवेट डाक बांटत रहे। 10 बरिस के ओकर पत्नी के मौत हो चुकल रहे। मृतक के गांव के एगो महिला से प्रेम संबंध रहे। मृतक रोजाना सांझ के ओह महिला के ओकर दुकान से ले आवत रहे आ ओहि के संगे रहता रहे। ओह महिला के पति बाहर रहत बा। मृतक के छोट बेटी बाहर रहेली, वर्तमान में ऊ घरे पs रहेली। आशनाई में हत्या के आशंका जतावल जा रहल बा।

एह संबंध में पीपीगंज थानाध्यक्ष आशीष कुमार सिंह बतवलें कि दु संदिग्धन के हिरासत में लेके पूछताछ कइल जा रहल बा। ज्लादिये आरोपियन के गिरफ्तार कs के हत्या के खुलासा कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]