09 जून 2023 के राशिफल

Anurag Ranjan

दिनांक-09/06/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- षष्ठी

 दिन के 04 बजके 21 मिनट ले,

ओकरा बाद सप्तमी।

दिन- सुक।

धनिष्ठा नक्षत्र

दिन के 05 बजके 09 मिनट ले,

ओकरा बाद शतभिषा नक्षत्र।

 वैधृति जोग

दिन के 03 बजके 46 मिनट ले,

ओकरा बाद विषकुम्भ जोग।

गर करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 10/06/2023

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- सप्तमी

दिन के 02 बजके 02 मिनट ले।

दिन- सनीचर।

शतभिषा नक्षत्र

दिन के 03 बजके 39 मिनट ले।

 विषकुम्भ जोग

दिन के 12 बजके 49 मिनट ले।

 बव करण ।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन रउआ अपना स्वास्थ के धेयान रखीं, कवनो बड़ लमहर जतरा पs मत जाई, वाहन चलावे में सावधानी बरतीं, वाद-विवाद से दूर रहीं, बोली पs संयम रखीं, बेयपार में कवनो बड़ लेन-देन मत करीं , केहू से काम साझेदारी सोच विचार कs के करीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज रउआ काम के सिलसिला में बाहर जा सकत बानी, काम के अधिकता के कारण कुछ तनाव पीड़ा महसूस करेम, अपना लोगन से सहजोग मिली, परिवारिक वाद-विवाद से दूर रहीं, कवनो विशेष काम खातिर रउआ पs सामाजिक परिवारिक दबाव बनावल जा सकत बा, पत्नी के स्वास्थ से चिंतित रहेम।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर बेयपार आदि में कवनो नया रस्ता खोली, काम के क्षेत्र में कवनो बड़ डील होखला से लाभ प्राप्त होई, कवनो परिचित के मिलल से रुकल काम पूरा होई, परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई, नया वाहन मकान किन सकत बानी।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज रउआ कवनो बड़ काम में निवेश कs सकत बानी, परिवार आ मित्रन के काम के क्षेत्र में पूर्ण सहजोग मिली, जदि नवविवाहित बानी तs फैमिली प्लानिंग कs सकत बानी, पत्नी के स्वास्थ के धेयान रखीं, बेयपार में राउर साझेदारन से संबंध मधुर होई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन उतार-चढ़ाव वाला रही, अपना स्वास्थ के कारण रउआ परेसान रहेम, मानसिक तनाव, क्लेश बनल रही, वाहन आदि संभारके चलाई ना तs चोट लाग सकत बा, पत्नी आ परिवार से मतभेद हो सकत बा, कवनो परिचित के दुखद समाचार मिली, बेववसाय में पार्टनर से धोखा मिल सकत बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज रउआ अपना स्वास्थ पs धेयान दीं, खान पान पs नियंत्रण रखीं, बाहर जतरा आदि पs जाई, तs वाहन के उपयोग संभालके करीं, बेयपार-बेवसाय में आज रउआ नुकसान हो सकत बा, कवनो करीबी के कारण रउआ हाथ से बड ऑफर निकल सकत बा, पत्नी के स्वास्थ में गिरावट आई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिन राउर बहुत अच्छा रहे वाला बा, बहुत दिनन से चल रहल खराब स्वास्थ्य से रउआ निजात मिली, कवनो विशेष व्यक्ति से मिलल होई, मान-सम्मान में बढ़ोन्ती होई, न्यायालय पक्ष में विजय होई, बेयपार में नया क्षेत्र बनी, नया लोगन से संबंध स्थापित होई, लाभ मिली।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज रउआ अपना कवनो परिचित से काम के क्षेत्र में सहजोग मिली, बेयपार बेवसाय में रउआ कवनो बड़ जोखिम अभी मत उठाई , बेयपार बेवसाय के चेंज करे के मन होखे, तs अभी तनिका इंतजार करीं, बेकार के वाद-विवाद से खुद के दूर रखीं, वाहन आदि के चलावे में सतर्कता बरतीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन रउआ बेयपार में नया काम भा नया साझेदारी सुरू मत करीं ना तs हानि उठावे के पड़ सकत बा, काम के क्षेत्र में विरोधियन के सामना करे के पड़ सकत बा, कवनो बात के लेके मन आशंकित बनल रही। पत्नी से कवनो बात के लेके वाद-विवाद हो सकत बा, वाहन आदि चलावे में सावधानी रखीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज रउआ बाहर के जतरा पs जा सकत बानी, वाहन आदि चलावे में आज रउआ सावधानी बरतीं, परिवार में कवनो बात के लेके रउआ मतभेद के सामना करे के पड़ सकत बा, बेयपार में पुरान साथियन से रउआ धोखा मिल सकत बा। काम के क्षेत्र में रूकावट आई, बनत काम बिगड़ सकत बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रउआ स्वास्थ लाभ होई। बेयपार में रउआ सफलता मिली, आर्थिक इस्थिति मजबूत होई, काम के क्षेत्र में नया संबंध स्थापित होई, नौकरी वालन के पदोन्नति मिल सकत बा, परिवार आ समाज में मान-सम्मान बढ़ी, न्यायालय पक्ष में विरोधी परास्त होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

 आज रउआ कवनो विशेष गेस्ट के अइला से प्रसन्नता से भरल रहेम, काम के क्षेत्र में रउआ मान-सम्मान के प्राप्ति होई, कवनो परिचित व्यक्ति से आज रउआ नुकसान उठावे के पड़ सकत बा, ससुराल पक्ष से काम के क्षेत्र में सहजोग मिली, पत्नी के स्वास्थ के चिंता बनल रही, कवनो नया काम आज रउआ मिल सकत बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।