Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

08 जून 2023 के राशिफल

638

दिनांक-08/06/2023
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- पंचमी

 सांझ के 06 बजके 59 मिनट ले,

ओकरा बाद षष्ठी।

दिन- बियफे।

श्रवण नक्षत्र

सांझ के 06 बजके 59 मिनट ले,

ओकरा बाद धनिष्ठा नक्षत्र।

 इन्द्र जोग

सांझ के 06 बजके 59 मिनट ले,

ओकरा बाद वैधृति जोग।

कौलव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 09/06/2023

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- षष्ठी

दिन में 05 बजके 09 मिनट ले।

दिन- सूक।

धनिष्ठा नक्षत्र

दिन में 05 बजके 09 मिनट ले,

ओकरा बाद शतभिषा।

 वैधृति जोग

दिन में 03 बजके 46 मिनट ले।

 गर करण ।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज राउर दिन सामान्य तौर पs ठीक रही, आज कवनो जरुरी काम खातिर रउआ बाहर जाये के पड़ सकत बा, काम के क्षेत्र में कवनो नया काम सुरू कs सकत बानी, बेयपार में लाभ होई, आर्थिक इस्थिति मजबूत होई, परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई, स्वास्थ ठीक रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ कवनो नया काम सुरू कs सकत बानी, बेयपार में साझेदारी कइल लाभप्रद होई, मान-सम्मान में बढ़न्ती होई, कवनो खास काम खातिर बाहर जाये के पड़ सकत बा, परिवार में केहू के स्वास्थ के कारण रउआ चिंतित रहेम।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज रउआ कवनो विपत्ति में फंस सकत बानी, बेकार के वाद-विवाद में मत उलझीं ,वाणी पs संयम रखीं, बेयपार में कवनो नया काम सुरू मत करीं, आर्थिक जोखिम मत उठाई ,परिवार के लोगन से मतभेद बढ़ सकत बा। अपना स्वास्थ के धेयान रखीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज रउआ अपना स्वास्थ के धेयान रखीं, खान-पान पs नियंत्रण रखीं, बेकार के वाद-विवाद से दूर रहीं, पैतृक संपत्ति के कारण परिवार में विवाद के इस्थिति निर्मित हो सकत बा, कवनो नया काम सोच-विचार कs करीं, केहू पs जरुरत से जादे विश्वास कइल रउआ के नुकसान पहुंचा सकत बा, वाहन आदि संभारके चलाई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज पुरान रूकल काम पूरा होखे से मन प्रसन्न रही, काम के क्षेत्र में अपनन के सहजोग मिली, प्रशासनिक क्षेत्र में काम कर रहल लोगन के पदोन्नति मिल सकत बा, पत्नी के सहजोग मिली, कवनो पुराने मित्र से मिलल होई, कवनो नया कारम सुरू करे में कवनो विशेष व्यक्ति के सहजोग भेंटी।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज राउर स्वास्थ ठीक रही, मन प्रसन्न रही, आर्थिक इस्थिति में सुधार होई, बेयपार-बेवसाय में नया काम सुरू कs सकत बानी जवना से लाभ के जोग बानी, कवनो बड़ी पार्टनरशिप में रउआ भागीदार हो सकत बानी, परिवार के सहजोग मिली, परिवार में मांगलिक काम होई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रउआ अपना स्वास्थ के विशेष धेयान रखी, खान-पान पs नियंत्रण रखीं, कहीं बाहर मत, केहू के बड़ रकम उधार मत दीं, बेयपार में पुराने कवनो सहजोगी पार्टनर के कारण रउआ नुकसान उठावे के पड़ सकत बा, वाद-विवाद से दूर रहीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज राउर दिन अच्छा रहे वाला बा। सोचल काम पूरा होखला से मन प्रसन्न रही। कवनो विशेष व्यक्ति से मुलाकात होई। कवनो नया काम आज रउआ सुरू कs सकत बानी। परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई। कवनो नया सदस्य परिवार में आ सकत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन जातक के स्वास्थ में गिरावट महसूस होई, काम के अधिकता के रहला से मानसिक तनाव शारीरिक थकावट रही, कवनो काम के चलते रउआ लमहर जतरा करे के पड़ सकत बा। केहू अपना के कारण आज रउआ विवाद से फंस सकत बानी, परिवार से मतभेद उत्पन्न हो सकत बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज रउआ कहीं बाहर घूमे जा सकत बानी, स्वास्थ में राहत महसूस करेम। परिवार में स्नेह प्रेम के माहौल रही, परिवार के लोगन के संगे मिलके आज रउआ कवनो नया काम सुरू कs सकत बानी, बेयपार में नया काम नया क्षेत्र रउआ मिली, अपरिचित व्यक्ति के कवनो बड़ राशि उधार में मत दीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रउआ अपना स्वास्थ के लेके परेसान रह सकत बानी। जवना कारण मन अशांत रही, परिवार के कवनो व्यक्ति से मनमुटाव होई। अच्छा रही आज रउआ वाद-विवाद में मत उलझीं, ना तs मान-अपमान के सामना करे के पड़ सकत बा, बेयपार में उतार-चढ़ाव बनल रही, आज काम में रुकावट आई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

 आज रउआ तनिका संभरके रहीं ,वाहन आदि के उपयोग में सावधानी रखीं, वाद-विवाद से दूर रहीं, परिवार-समाज में कवनो विशेष व्यक्ति से विवाद के इस्थिति बन सकत बा। घर में मांगलिक कार्य के जोग बनी, अपना स्वास्थ के धेयान रखीं।

558680cookie-check08 जून 2023 के राशिफल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.