09 जुलाई 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 09/05/2025
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

दिन के 01 बजके 37 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्णिमा।

दिन- बुध।

मूल नक्षत्र

सबेरे के 04 बजके 49 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र।

ब्रह्म जोग

रात के 10 बजके 08 मिनट ले,

ओकरा बाद इन्द्र जोग।

गर करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 09/07/2025

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि- पूर्णिमा

रात के 02 बजके 06 मिनट ले।

दिन- बियफे।

पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र

समस्त।

इन्द्र जोग

रात के 09 बजके 37 मिनट ले।

विष्टि करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज रउआ अपना स्वास्थ के लेके चिंतित रह सकत बानी। कवनो काम के लेके बाहर जाये के कार्य योजना बन सकत बा। आज बेयपार-बेवसाय में उतार-चढ़ाव के इस्थिति बनल रही। कवनो बात के लेके परिवार में विवाद के इस्थिति बने से मन अशांत रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज राउर मन प्रसन्नता से भरल रही। रउआ कवनो नया काम सुरू कs सकत बानी। रउआ अपना कवनो परिचित से काम के क्षेत्र में सहजोग मिली। बेयपार क्षेत्र में नया अवसर बनी। परिवार में नया मेहमान आ सकत बा। मान-सम्मान में बढ़न्ती होई। धार्मिक जतरा पs जाये के योग बनी।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज राउर दिन उतार-चढ़ाव वाला रही। स्वास्थ में गिरावट महसूस करेम। अपना कवनो परिचित के बेवहार से मन खिन्न रही। बेयपार-बेवसाय में राउर सहयोगियन द्वारा रउआ के नुकसान पहुंचावल जा सकत बा। संभरके रहीं आ वाहन आदि के उपयोग संभारके करीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ बेकार के वाद विवाद में उलझ सकत बानी। रउआ कवनो नया काम करे के विचार बना रहल बानी तs अभी खातिर ओकरा के रोक दीं। बेयपार-बेवसाय में अभी जोखिम मत उठाई। कवनो लमहर जतरा पs मत जाई। वाहन आदि के उपयोग संभारके करीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन अच्छा महसूस करेम। राउर स्वास्थ ठीक रही। कवनो आध्यात्मिक व्यक्ति से भेंट होई आ ओकर मार्गदर्शन रउआ जिनगी खातिर लाभकारी रही। आज रउआ बेयपार आदि में अच्छा परिणाम प्राप्त होई। परिवार में मांगलिक कार्यक्रम होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर महत्वपूर्ण होई। रउआ आज बेयपार-बेवसाय में कवनो बड़ पार्टनरशिप कs सकत बानी। राउर मन सकारात्मक ऊर्जा से भरल रही। रउआ परिवार आ बेवसाय के क्षेत्र में मान-सम्मान प्राप्त होई। बोली पs संयम रखीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रउआ मानसिक तनाव आ परिवारिक कलह के वजह से परेसान नजर आयेम। पुरान कवनो विवाद फेर से रउआ सामने आ सकत बा। रउआ अपना कवनो परिचित के खो सकत बानी। बेयपार-बेवसाय में रउआ कवनो नया डिसीजन अभी सोच-विचार कs के लेवे के जरूरत बा। पत्नी से मतभेद बढ़ सकत बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन राउर बेकार के भाग-दउर में निकली। रउआ जवना काम खातिर कुछ दिनन से परेसान बानी, ऊ काम पूरा होत दिखाई दिहि। रउआ अपना संघतियन से धोखा मिल सकत बा। बेयपार में बड़ लेन-देन सोच-विचार कs के करीं। जतरा आदि में सावधानी बरतीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन राउर अच्छा निकली। रुकल काम पूरा होखला से मन प्रसन्न रही। अपना पुरान साथी से भेंट होई। कवनो नया काम आज रउआ सुरू कs सकत बानी। परिवार में कवनो बियाह संबंध निश्चित हो सकत बा। पत्नी के सहजोग आ प्रेम प्राप्त होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन सानदार रही। बेयपार-बेवसाय में लाभ प्राप्त होई। आर्थिक इस्थिति मजबूत बनी। रउआ कवनो नया काम के सुरूआत करे के योजना पs काम कs सकत बानी। बेवसाय में सहजोगियन के साथ मिली। कवनो नया वाहन भा मकान किन सकत बानी।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन रउआ बोली पs नियंत्रण रखे के होई। वाद-विवाद से दूर रहीं। परिवारिक जिनगी में उतार-चढ़ाव के इस्थिति बनी। रउआ काम के सिलसिला में कवनो विशेष व्यक्ति से मिल सकत बानी। बाकिर काम पूरा होखे में संदेह बा। पत्नी से संबंध मधुर होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन राउर कवनो विशेष व्यक्ति के स्वास्थ बिगड़ सकत बा। रउआ आज अपना क्रोध पs नियंत्रण रखीं ना तs राउर बड़ नुकसान हो सकत बा। कवनो बड़ काम से रउआ हाथ धो बइठेम। परिवार में कलह हो सकत बा। जवना कारण मन अशांत रही।

Read Also: Bhojpuri : जन जागरण अभियान के 25वां विशाल धरना 3 अगस्त के, जंतर मंतर पs भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिलावे के उठी मांग

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-