04 जुलाई 2025 के राशिफल

राशिफल

Share

दिनांक- 04/05/2025
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि- नवमी

दिन के 04 बजके 32मिनट ले,

ओकरा बाद दशमी।

दिन- सुक।

 चित्रा नक्षत्र

दिन के 04 बजके 50 मिनट ले,

ओकरा बाद स्वाति नक्षत्र।

शिव जोग

सांझ के 07 बजके 35 मिनट ले,

ओकरा बाद सिद्ध जोग।

कौलव  करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 05/07/2025

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि- दशमी

सांझ के 06 बजके 59 मिनट ले।

दिन- सनिचर।

स्वाति नक्षत्र

सांझ के 07 बजके 51 मिनट ले।

सिद्ध जोग

सांझ के 08 बजके 35 मिनट ले।

गर करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बेयपार में विस्तार के जोग बा। कर्मचारियन के अनियमितता से परेसान रहेम। संतान के जरूरतन के पूरा करे में लागल रहेम। सहकर्मियन के संगे कवनो समारोह में सामिल होखेम। बियाह जोग जातकन खातिर समय सुभ बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

अपना भाइयन के संगे विवाद के इस्थिति बना लेम। केहू के बहकावा में आके आपन संबंध बिगाड़ सकत बानी। पढ़ाई में रूचि रही। मकान के मरम्मत पs धन लागी। समय रहते जरूरी कागजात एकत्रित करीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

केहू के देखादेखी मत करीं, मुसीबत में आ जाएम। पारिवारिक शांति खातिर आपन स्वभाव के बदलीं। सुख सुविधा के चीजन पs धन खर्च होई। न्याय विभाग से जुड़ल लोग वर्चस्व कायम रखे खातिर प्रयत्नशील रही।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

रउआ बिना सोचले समझले काम करेनी, एहिसे रउआ पीछे बानी। पईसा कमाये के चाह में निजी जिनगी के मत भूलीं। संतान के स्वभाव में आइल परिवर्तन से दुखी होखेम। माथा दरद संबंधित पीड़ा से पीड़ित रहेम।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

लगातार मिल रहल सफलता से आत्मविश्वास में बढन्ती होई। कारोबार में लाभ मिली। नौकरी में पदोन्नति संभव बा। मांगलिक कार्यक्रमन के रूपरेखा बनी। धरम में रूचि बढ़ी। कर्मचारियन के सहजोग से काम पूरा होई।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

न्यायालय के काम देरी से हल होई। भूमि भवन पs निवेश करे के मन बा। बेवसाय के अच्छा सुरुआत से आत्मबल बढ़ी। वाहन सुख मिली। बहिन से विवाद होई। पढ़ाई में मन कम लागी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

समय-समय पs परिवार के समय दीं। सहकर्मिन से सहजोग मिली। प्रशासनिक अधिकारियन खातिर समय उपयुक्त बा, तबादला के जोग बा। खुद के बेवसाय सुरू कs सकत बानी। सरकारी नौकरी के जोग बा।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

बुध के दिन वृश्चिक राशि वालन खातिर बहुते महत्वपूर्ण रही। कइयन गो बड़े फैसला लेम। दिनचर्या में आइल बदलाव से खुस रहेम। राजनीति से जुड़ल लोगन खातिर समय उपयुक्त बा। कार्यस्थल पs कवनो बड़ जिम्मेदारी मिल सकत बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

कइयन दिनन से रउआ खुद खातिर समय नइखी निकाल पा रहल। जीवन साथी के स्वास्थ्य के चिंता रही। काम में प्रसाशनिक अड़चन आ सकत बा। संपत्ति के विवाद, आपसी समझौता से हल होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

अपना उसूल के पक्का बानी, एहिसे लोग राउर मजाक बनावेला। अपना काम के प्रति ईमानदार बानी। आकस्मिक धन लाभ होखला से रूकल काम आसानी से होई। बेवसाय में उन्नति मिली। आर्थिक इस्थिति में सुधार होई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

अपना आकर्षक व्यक्तिव के कारण सभे के आपन बना लेम। मौजमस्ती में समय बीती। आपसी संबंधन में सुधार होई। मान सम्मान में बढ़न्ती होई। कपड़ा-गहना मिलल संभव बा।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

मेहनत के अनुसार सफलता ना मिलला से उदास रहेम, जेकरा के रउआ आपन समझेनी, उहे रउआ के धोखा दे सकत बा। सहकर्मियन के सहजोग ना मिलला से समय पs काम पूरा ना हो पाई। केहू के इंतजार में समय बितावे के होई।

Read Also: Bhojpuri : जन जागरण अभियान के 25वां विशाल धरना 3 अगस्त के, जंतर मंतर पs भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिलावे के उठी मांग

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-