दिनांक- 04/02/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
फाल्गुन कृष्ण पक्ष
तिथि- तृतीया
रात के 12 बजके 09 मिनट ले,
ओकरा बाद चतुर्थी।
दिन- बुधवार।
पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र
रात के 10 बजके 12 मिनट ले,
ओकरा बाद उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र।
अतिगण्ड जोग
दिन के 01 बजके 04 मिनट ले,
ओकरा बाद सुकर्मा जोग।
वणिज करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 05/02/2026
फाल्गुन कृष्ण पक्ष
तिथि- चतुर्थी
रात के 12 बजके 22 मिनट ले।
दिन- बियफे।
उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र
रात के 10 बजके 57 मिनट ले।
सुकर्मा जोग
रात के 12 बजके 03 मिनट ले।
बव करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज सोच-समझ के फैसला लीं। पईसा के ममिला में सावधानी जरूरी बा। घर-परिवार में कवनो बात पs बहस हो सकेला। प्रेम संबंध में मिठास बनल रही। खान-पान पs ध्यान दीं।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज दिन रउआ पक्ष में बा। रुकल काम पूरा हो सकेला। बेयपार में फायदा होई। संघतिया से सहजोग मिली। जतरा के जोग बन रहल बा। सेहत अच्छा रही।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज भावना में बहके कवनो फैसला मत लीं। नौकरी में काम के दबाव रह सकेला। परिवार के संगे समय बितावे से मन हल्का होई। धन लाभ के जोग बा।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज मान-सम्मान बढ़ला के जोग बा। समाज में प्रतिष्ठा मिली। नौकरी भा बेयपार में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। दांपत्य जिनगी खुसहाल रही। सेहत ठीक रही।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज मेहनत के पूरा फल मिले के जोग बा। पढ़ाई-लिखाई में मन लागी। नौकरी में प्रमोशन के संकेत बा। खरचा बढ़ी, बाकिर जरूरी काम में होई।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज दिन सामान्य रहे वाला बा। काम में उतार-चढ़ाव आ सकेला। पार्टनर से बातचीत में संयम रखीं। आर्थिक इस्थिति धीरे-धीरे सुधरी।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज साहस से काम लेवे के दिन बा। पुरान विवाद खतम हो सकेला। निवेश से फायदा होई। परिवार में सुख-शांति बनल रही।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज किस्मत राउर साथ दी। नौकरी आ बेयपार में सफलता मिली। जतरा लाभदायक रही। धार्मिक काम में रुचि बढ़ी।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज जिम्मेदारी बढ़ सकेला। काम में लापरवाही नुकसान करा सकेला। पईसा के लेन-देन में सावधानी जरूरी बा। सेहत के ख्याल रखीं।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
आज नया काम के सुरुआत करे के अच्छा दिन बा। संघतिया से सहजोग मिली। नौकरी में बदलाव के जोग बा। मन प्रसन्न रही।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज दिन सुभ संकेत लेके आई। परिवार से पूरा सहजोग मिली। प्रेम जिनगी में खुसखबरी मिल सकेला। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई।








