02 जनवरी 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 02/01/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

पौष शुक्ल पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

सांझ के 06 बजके 53 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्णिमा।

दिन- सुक।

म्रृगशीर्षा नक्षत्र

रात के 08 बजके 04 मिनट ले,

ओकरा बाद आद्रा नक्षत्र।

शुक्ल जोग

दिन के 01 बजके 06 मिनट ले,

ओकरा बाद ब्रह्म जोग।

गर करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 03/01/2026

पौष शुक्ल पक्ष

तिथि- पूर्णिमा

दिन के 03 बजके 32,0मिनट ले।

दिन- सनिचर।

आद्रा नक्षत्र

दिन के 05 बजके 27 मिनट ले।

 ब्रह्म जोग

दिन के 09 बजके 05 मिनट ले।

बव करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन उत्साह आ सकारात्मक ऊर्जा रही। काम में बढ़त मिले के आस बा, परिवार में संबंध मजबूत होई आ मन के शांति बनल रही। मेहनत के सफलता जल्दी मिली।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज वृषभ राशि में चन्द्रमा के प्रभाव से काम-संबंधित निर्णय सोच-समझ के लि हल जरूरी बा। सुरुआती समय बढ़िया रही, बाकिर दुपहरिया के बाद कवनो फैसला टालल ठीक रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज मिथुन राशि के लोगन के मन में सृजनशीलता बनल रही आ काम में सहजता से सफलता मिले के जोग बा। प्रेम संबंध आ घर परिवार में संतुलन रही।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

परिवार आ बेवसाय में कुछ बढ़िया अवसर मिल सकsता, बाकिर मन में चिंता के भाव ना राखीं। धैर्य से काम लीं आ बिना मतलब के खरचा से बचीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन सिंह राशि खातिर सुभ बा। कारोबार में लाभ मिल सकेला, बातचीत आ प्रभावशाली संपर्क बनी। प्रतिष्ठा बढ़ी आ काम में मान-सम्मान मिली।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

नया सुरुआत करे खातिर आज के दिन अच्छा बा। कार्यालय भा बेवसाय में काम बढ़लबरही, मान-सम्मान बढ़े के जोग बा। घर-परिवार में सुख-शांति बनल रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज तनिका आलस्य आ मन उदास रह सकेला। काम समय पs पूरा ना होखला के सम्भावना बा, तनी स्वास्थ्य पs ध्यान दीं। यात्रा में बाधा हो सकता।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

व्यक्तिगत बेवहार आ परिवार के संगे समय बितावे में सुख मिली। बाकिर स्वास्थ्य पs तनिका ध्यान देवे के जरूरत बा। सोच-समझ के निर्णय लीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन भागदौड़ रह सकता। दफ्तर आ काम में दबाव मिल सकता, बाकिर सहजोगियन के मदद से काम पूरा होई। परिवार संगे समय अच्छा रही।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

मेहनत के फल धीरे-धीरे मिली, बाकिर रिश्तन में मधुरता बनी। आर्थिक इस्थिति मजबूत रही, स्वास्थ्य सामान्य बनी।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ी आ सरकारी भा पैतृक संपत्ति से लाभ मिल सकता। धन के लेन-देन सोच-समझ के करीं आ खरचा पs कंट्रोल राखीं।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

घर में खुशी के माहौल बनी, बाकिर कारोबार आ काम में अड़चन आ देरी हो सकता। विरोधी लोग से दूर रहीं आ जल्दबाजी में कवनो फैसला मत लीं।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-