Holidays 2026 : नया साल में केतना छुट्टी मिली, कब-कब बनत बा लॉन्ग वीकेंड? जनवरी से दिसंबर तक पूरा कैलेंडर देखीं

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 1, 2026

फीचर डेस्क। साल 2026 सुरू होखतही नौकरीपेशा लोग, छात्र आ ट्रैवल लवर्स के मन में एगो सवाल उठत बा कि 2026 में छुट्टी केतना मिली आ लॉन्ग वीकेंड कब-कब बनत बा? नया साल खाली तारीख

Share

फीचर डेस्क। साल 2026 सुरू होखतही नौकरीपेशा लोग, छात्र आ ट्रैवल लवर्स के मन में एगो सवाल उठत बा कि 2026 में छुट्टी केतना मिली आ लॉन्ग वीकेंड कब-कब बनत बा? नया साल खाली तारीख बदले के नाम ना हs, बलुक घूमे-फिरे, परिवार संगे समय बितावे आ खुद खातिर ब्रेक लेवे के मौको हs।

2026 Holiday Calendar के मोताबिक, एह साल राष्ट्रीय, धार्मिक आ बैंक छुट्टियन के भरपूर सौगात मिली। गणतंत्र दिवस, स्वतंत्रता दिवस, गांधी जयंती, दिवाली, होली, ईद, क्रिसमस जइसन बड़ त्योहार वीकेंड से जुड़ के कइयन बेर लॉन्ग वीकेंड बना रहल बाड, जवन ट्रैवल प्लान खातिर सबसे बढ़िया मौका हs।

जनवरी 2026 : साल के सुरुआत में छुट्टियन के भरमार

जनवरी में नया साल दिवस, मकर संक्रांति, बसंत पंचमी आ 26 जनवरी (गणतंत्र दिवस) जइसन छुट्टी बा। खास बात ई बा कि 26 जनवरी सोमार के पड़ रहल बा, एकरा से 24, 25 आ 26 जनवरी के तीन दिन के लॉन्ग वीकेंड बन रहल बा।

फरवरी-मार्च 2026 : होली आ महाशिवरात्रि पs ब्रेक

फरवरी में महाशिवरात्रि आ गुरु रविदास जयंती, जबकि मार्च में होली, राम नवमी आ महावीर जयंती के कारण कइयन गो राज्यन में छुट्टी मिली। मार्च में होली के आसपास 4-5 दिन तक के ब्रेक बन सकेला।

अप्रिल-मई 2026: गुड फ्राइडे से बुद्ध पूर्णिमा तक

अप्रिल में गुड फ्राइडे (3 अप्रिल) सुक के दिन बा, एकरा से तीन दिन के लॉन्ग वीकेंड मिली। मई में 1 मई (बुद्ध पूर्णिमा/मजदूर दिवस) सुक के पड़ रहल बा, जवन ट्रैवल प्लान खातिर बढ़िया मौका बा।

जून-जुलाई 2026 : कम छुट्टी, बस वीकेंड

जून आ जुलाई में राष्ट्रीय अवकाश कम बा। एह महीना में जादेतर सनिचर-अतवार के छुट्टी पs निर्भर रहे के पड़ी।

अगस्त-अक्टूबर 2026 : त्योहारन के सीजन

अगस्त में 15 अगस्त (स्वतंत्रता दिवस) सनिचर के बा, बाकिर मिलाद-उन-नबी के चलते लमहर ब्रेक बन सकेला। अक्टूबर में 2 अक्टूबर (गांधी जयंती) सुकसीके पड़ रहल बा, संगही दशहरा मिलाके 4 दिन तक के लॉन्ग वीकेंड बन रहल बा।

नवंबर-दिसंबर 2026 : दिवाली आ क्रिसमस के मस्ती

नवंबर में दिवाली के बेरा लमहर ब्रेक मिल सकेला। दिसंबर में 25 दिसंबर (क्रिसमस) सुकवोके बा, एकरा से साल के आखिर में तीन दिन के वीकेंड तय बा।

Read Also: New Rules 2026 : रेफ्रिजरेटर, टीवी आ एलपीजी स्टोव अब बिना स्टार रेटिंग के ना बिकी, आज 1 जनवरी से नियम लागू

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.