दिनांक- 01/01/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
पौष शुक्ल पक्ष
तिथि- त्रयोदशी
रात के 10 बजके 22 मिनट ले,
ओकरा बाद चतुर्दशी।
दिन- बियफे।
रोहिणी नक्षत्र
रात के 10 बजके 48 मिनट ले,
ओकरा बाद म्रृगशीर्षा नक्षत्र।
शुभ जोग
दिन के 05 बजके 12 मिनट ले,
ओकरा बाद शुक्ल जोग।
कौलव करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 02/01/2026
पौष शुक्ल पक्ष
तिथि- चतुर्दशी
सांझ के 06 बजके 53 मिनट ले।
दिन- सुक।
म्रृगशीर्षा नक्षत्र
रात के 08 बजके 04 मिनट ले।
शुक्ल जोग
दिन के 01 बजके 06 मिनट ले।
गर करण।
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक हालत मजबूत होई। रुकल पईसा मिल सकेला। सेहत पs ध्यान दीं, खास कs के खानपान में सावधानी जरूरी बा।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
नया साल राउर जिनगी में नया मोड़ ले आई। कारोबार में फायदा के जोग बा। संघतियन से मुलाकात मन खुस कs दी।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज भावनात्मक रूप से मजबूत महसूस करेम। परिवार के सहजोग से बड़ा फैसला ले सकेनी। जतरा के जोग बन रहल बा।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

मान-सम्मान बढ़े वाला दिन बा। नौकरी में प्रमोशन भा जिम्मेदारी बढ़ सकेला। गुस्सा पs कंट्रोल रखीं।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज मेहनत के पूरा फल मिली। पढ़ाई-लिखाई करे वाला छात्रन खातिर दिन बेहतरीन बा। स्वास्थ्य ठीक रही।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

दांपत्य जीवन में मिठास बढ़ी। प्रेम संबंध मजबूत होई। खरचा पs नियंत्रण जरूरी बा, ना तs बजट बिगड़ सकेला।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज तनिका सावधानी बरतल जरूरी बा। कामकाज में रुकावट आ सकेला, बाकिर धैर्य से सब ठीक हो जाई।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

नया साल खुसखबरी लेके आई। नौकरी भा बिजनेस में उन्नति के जोग बा। भाग्य राउर साथ दी।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज जिम्मेदारी बढ़ सकेला। परिवार में बुजुर्गन के सलाह काम आई। निवेश सोच-समझ के करीं।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
दिन रचनात्मक काम में बीती। नया आइडिया से फायदा मिली। सामाजिक मान-सम्मान बढ़ी।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आध्यात्मिक रुझान बढ़े वाला दिन बा। मन शांत रही। परिवार संगे समय बितवला से मानसिक सुकून मिली।








