RRB Recruitment 2026 : रेलवे में आइसोलेटेड कैटेगरी के तहत सरकारी नौकरी के मौका, 29 जनवरी तक कs सकत बानी अप्लाई

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 31, 2025

नई दिल्ली। रेलवे में सरकारी नौकरी के सपना देखे वाला नौजवानन खातिर बढ़िया खबर बा। रेलवे रिक्रूटमेंट बोर्ड (RRB) आइसोलेटेड कैटेगरी के तहत अलग-अलग पदन पs भर्ती खातिर आवेदन प्रक्रिया सुरू कs देले बा। जे

Share

नई दिल्ली। रेलवे में सरकारी नौकरी के सपना देखे वाला नौजवानन खातिर बढ़िया खबर बा। रेलवे रिक्रूटमेंट बोर्ड (RRB) आइसोलेटेड कैटेगरी के तहत अलग-अलग पदन पs भर्ती खातिर आवेदन प्रक्रिया सुरू कs देले बा। जे उम्मीदवार पात्रता पूरा करत बा, ऊ लोग ऑनलाइन माध्यम से ऑफिशियल वेबसाइट rrbapply.gov.in पर जाके आवेदन कर सकेला।

आवेदन करे के अंतिम तारीख 29 जनवरी 2026 बा, जबकि फीस जमा करे के आखिरी तारीख 31 जनवरी 2026 तय कइल गइल बा।

भर्ती के पूरा ब्योरा

रेलवे के ओर से आइसोलेटेड कैटेगरी के अंतर्गत कुल 312 पद पर भर्ती कइल जाई। पद आ उनकर संख्या कुछ अइसन बा-

  • चीफ लॉ असिस्टेंट-22 पद
  • पब्लिक प्रॉसिक्यूटर-7 पद
  • जूनियर ट्रांसलेटर (हिंदी)-202 पद
  • सीनियर पब्लिक इंस्पेक्टर-15 पद
  • स्टाफ एंड वेलफेयर इंस्पेक्टर- 24 पद
  • साइंटिफिक असिस्टेंट (ट्रेनिंग) -2 पद
  • लैब असिस्टेंट ग्रेड-3 (केमिस्ट एंड मेटलर्जिस्ट)-39 पद
  • साइंटिफिक सुपरवाइजर (एर्गोनॉमिक्स एंड ट्रेनिंग)-1 पद

पात्रता आ उमिर सीमा

  • एह भर्ती में आवेदन खातिर उम्मीदवार के योग्यता पदानुसार 12वीं से लेके पोस्ट ग्रेजुएट तक होखे के चाहीं।
  • उम्मीदवार के न्यूनतम उमिर 18 साल तय कइल गइल बा, जबकि अधिकतम उम्र पद के हिसाब से 30, 32, 33, 35 भा 40 साल हो सकेला।
  • उम्र के गणना 1 जनवरी 2026 के आधार पर कइल जाई। पद अनुसार पूरा पात्रता मापदंड जाने खातिर ऑफिशियल नोटिफिकेशन जरूर देखीं।

आवेदन करे के तरीका

एह भर्ती खातिर उम्मीदवार खुदे ऑनलाइन फॉर्म भर सकेलें-

  • सबसे पहिले वेबसाइट rrbapply.gov.in पs जाईं।
  • होम पेज पs “Create an Account” पs क्लिक कsके रजिस्ट्रेशन करीं।
  • लॉग-इन कs के जरूरी जानकारी भर के आवेदन फॉर्म पूरा करीं।
  • कैटेगरी अनुसार तय आवेदन शुल्क जमा करीं।
  • फॉर्म सबमिट कइला के बाद ओकर प्रिंटआउट निकाल के सुरक्षित रखीं।

आवेदन शुल्क

जनरल, ओबीसी आ ईडब्ल्यूएस वर्ग: 500 रुपिया

एससी, एसटी आ अन्य आरक्षित वर्ग: 250 रुपिया

फीस डेबिट कार्ड, क्रेडिट कार्ड भा नेट बैंकिंग से जमा कsसकत बानी।

CBT-1 के बाद जनरल, ओबीसी आ ईडब्ल्यूएस वर्ग के 400 रुपिया आ एससी-एसटी वर्ग के पूरा 250 रुपिया रिफंड कs दिहल जाई।

Read Also: Ram Lalla Abhishek : आज होई रामलला के अभिषेक; अनुष्ठान में सामिल होइहें रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, सीएम योगी संगे करिहें ध्वजारोहण

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.