दिनांक- 01/12/2025
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
मार्गशीर्ष शुक्ल पक्ष
तिथि- एकादशी
सांझ के 07 बजके 01 मिनट ले,
ओकरा बाद द्वादशी।
दिन- सोमार।
रेवती नक्षत्र
रात के 11 बजके 18 मिनट ले,
ओकरा बाद अश्विनी नक्षत्र।
व्यातीपात जोग
रात के 12 बजके 58 मिनट ले,
ओकरा बाद वरीयान जोग।
वणिज करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 02/12/2025
मार्गशीर्ष शुक्ल पक्ष
तिथि- द्वादशी
दिन के 03 बजके 57 मिनट ले।
दिन- मंगर।
अश्विनी नक्षत्र
रात के 08 बजके 51 मिनट ले।
वरीयान जोग
रात के 09 बजके 08 मिनट ले।
बालव करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)
आज काम-धंधा में फायदा मिली। मन खुस रही। नया प्लान काम कs सकेला। घर-परिवार में माहौल ठीक-ठाक रही।
उपाय: लाल रंग के कपड़ा पहिनीं।
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

पईसागत फायदा हो सकेला। पुरान कर्जा भा अंटकल काम आज पूरा हो सकेला। स्वास्थ्य ठीक रही।
उपाय: माता-पिता के आसीरबाद लीं।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
आज नया मौका मिली, बाकिर फैसला सोच-समझ के लीं। भाई-बहिन से सहजोग मिली। जतरा के जोग बनल बा।
उपाय: हरियर फल भा सब्जी दान करीं।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

घर-परिवार में खुसी के माहौल रही। नौकरी में तरक्की के संकेत बा। धन लाभ के जोग बनल बा।
उपाय: चावल दान करीं।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

काम में तनिका रुकावट आ सकेला, बाकिर धैर्य बनाके रखीं। केहू नजदीकी से खुसी वाला खबर मिली।
उपाय: सूरज के जल चढ़ाईं।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन सकारात्मक बा। पढ़ाई-लिखाई में आगे बढ़ेम। नोकरी वाला लोगन के प्रमोशन के मौका बा।
उपाय: हरियर मूंग दान करीं।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

धन खर्च बढ़ सकेला, बाकिर जरूरी काम में फायदा मिली। रिश्तेदारी में आवागमन हो सकेला।
उपाय: दही खाईं।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

प्रेम संबंध मजबूत होई। बेयपार में नफा होई। कहीं से सम्मान मिले के जोग बा।
उपाय: लाल फल दान करीं।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज काम में सफलता मिली। नया लोग से मुलाकात लाभदायक रही। सेहत पs ध्यान दीं।
उपाय: पियर कपड़ा पहिनी।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

घर में सुख-शांति रही। भूमि भा संपत्ति से लाभ हो सकेला। दाम्पत्य जीवन खुसनुमा रही।
उपाय: तिल दान करीं।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
जतरा सफल होई। नौकरी में सम्मान बढ़ी। बेयपार में नया करार हो सकेला।
उपाय: बूढ़ लोग के सेवा करीं।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मानसिक शांति रही। परिवार में प्रेम बढ़ी। कवनो पुरान काम पूरा होई। धन लाभ के जोग बा।
उपाय: मीठा खाईं और बांटीं।







