Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एक दीया शहीदन के नाम: सीएम योगी वीर सपूतन के याद में जरवले दीया, 11000 दीपक के रोशनी से जगमगाइल भीम सरोवर

233
मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शहीदन के याद में दीया जरा के उनके भावभीनी श्रद्धांजलि दिहलें। मंगर देर साँझ गोरखनाथ मंदिर परिसर में भीम सरोवर पर आयोजित ‘एक दीया शहीदों के नाम’ कार्यक्रम में पहिला दीया जरा के ऊ शहीदन के चित्र पर पुष्पांजलि अर्पित कइलें।
मुख्यमंत्री द्वारा कार्यक्रम के शुभारंभ कइले के साथ ही भीम सरोवर 11000 दीपों से जगमग हो उठल। भोजपुरी एसोसिएशन ऑफ इंडिया (भाई) के तरफ से आयोजित ‘एक दीया शहीदों के नाम’ कार्यक्रम में भीम सरोवर के चारों ओर प्रज्वलित दिया के जगमग अलौकिक लागत रहे।
कार्यक्रम के दौरान मुख्यमंत्री के समक्ष देशभक्ति गीत, नृत्य के प्रस्तुति जोश के संचार कर दिहलस। देश मेरा रंगीला, जय हो, चक दे इंडिया, संदेश आते हैं, ऐ मेरे वतन के लोगों आदि प्रस्तुतियन पर सीएम योगी बेहद भावुक नजर अइलें। कार्यक्रम संयोजक लोक गायक राकेश श्रीवास्तव के प्रस्तुति ‘धन्य है मेरा उत्तर प्रदेश’ प्रदेश के विशिष्टता अउरी वर्तमान भयमुक्त वातावरण के भान करवलस। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ ताली बजा के सब कलाकारन प्रस्तुतियन के सराहना कइलें।
362120cookie-checkएक दीया शहीदन के नाम: सीएम योगी वीर सपूतन के याद में जरवले दीया, 11000 दीपक के रोशनी से जगमगाइल भीम सरोवर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.