मुरादाबाद। सर्किट हाउस में सोमार के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ विशेष गहन पुनरीक्षण (एसआईआर) के काम के समीक्षा कइलें। मुख्यमंत्री मंडल के पांच जनपद मुरादाबाद, अमरोहा, रामपुर, संभल आ बिजनौर के पूरा रिपोर्ट के संगे बइठल रहस। रिपोर्ट के आधार पs ऊ एक-एक जनप्रतिनिधि से बात कइलें।
बातचीत के दौरान मुख्यमंत्री कुछ जनप्रतिनिधियन से ओह लाेगन के क्षेत्र के बूथ पूछलें तs करीब करीब बतवला पs मुख्यमंत्री टूक कहलें कि सीधा तौर पs बूथ संख्या बताईं।
फेर मुख्यमंत्री सब केहू से कहलें कि सभे एसआईआर के काम में लाग जावs। एक-एक मतदाता के वोट अनिवार्य रूप से बने। जवन सही वोट बा ऊ कवनो दशा में छुटे ना आ गलत वोट बने ना। जनप्रतिनिधि ई अनिवार्य रूप से तय कs लिहल गइल।
सीएम इहो कहलें कि चुनाव में अभी से जुटे खातिर ई सबसे महत्वपूर्ण समय बा। एक-एक मतदाता के सब वोट रउआ लोग सुनिश्चित करीं। एक-एक बूथ, एक-एक मतदाता तक पहुंचेम तs राउर चुनाव के तइयारी खुद-ब-खुद पूरा होई।





