गोरखपुर : भोजपुरी भाषा आ संस्कृति के समर्पित यायावरी भोजपुरी महोत्सव 2025 अब अपना तय समय 28 जून के आयोजित ना होई। आयोजक एह बहुप्रतीक्षित सांस्कृतिक कार्यक्रम के “अनिवार्य कारणन” से स्थगित कs दिहल गइल बा। ई आयोजन पहिले गोरखपुर के गोकुल अतिथि भवन में 28 जून के होखे के रहे, बाकिर अब ई कार्यक्रम नया तिथि के संगे अगस्त 2025 में आयोजित कइल जा सकत बा।
आयोजक लोग सोशल मीडिया पs दिहल जानकारी
महोत्सव के संयोजक गौरव मणि त्रिपाठी सोशल मीडिया के माध्यम से जानकारी साझा कइलें कि “पिछला तीन बरिसन से हमनी के लगातार भोजपुरी संस्कृति आ भाषा के मंच प्रदान कs रहल बानी सs। अबकियो हमनी के ‘यायावरी भोजपुरी महोत्सव 2025’ के लेके उत्साहित रहनी सs, बाकिर कुछ परिस्थितियन के चलते फिलहाल एकरा के स्थगित करे के पड़ रहल बा। बहुत जल्दी हमनी के नया तिथि घोषित करेम सs।”
नया तारीख पs विचार जारी, अगस्त में हो सकत बा आयोजन
गौरव के अनुसार आयोजन समिति आमंत्रित अतिथि आ वक्ता लोगन से संपर्क कs रहल बिया ताकि नया सुविधाजनक तिथि तय कइल जा सके। संभावना बा कि अगस्त 2025 में गोरखपुर में ई महोत्सव बड़ स्तर पर आयोजित होई।
Read Also: 16 जून 2025 के राशिफल