धूमधाम से मनावल गइल यायावरी भोजपुरी महोत्सव, भोजपुरी के लेके भइल सकारात्मक चरचा, शिखर सम्मान से सम्मानित भइले जुगानी भाई 

Minee Upadhyay

 

 

गोरखपुर: भोजपुरी भाषा के सम्मान, आत्मसम्मान आ रक्षा खातिर समर्पित यायावरी भोजपुरी महोत्सव के आयोजन बुध के दिने स्थानीय गोकुल अतिथी भवन में भइल। भोजपुरी बतकही, विचार, गीत, संगीत आ संस्कृति के मिठास महोत्सव में चार चांद लगावल।

महोत्सव के मुख्य अतिथि राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के पदाधिकारी मिथिलेश नारायण आ विशेष अतिथि वरिष्ठ प्रभारी ब्रजेन्द्र नारायण रहले। ई कार्यक्रम सबेरे 11:30 बजे निर्धारित समय से सुरू भइल।

कहानीकार रवींद्र श्रीवास्तव जुगानी भाई दुसरका यायावरी सम्मान से भइलें सम्मानित 

महोत्सव के दौरान प्रख्यात कहानीकार रवींद्र श्रीवास्तव “जुगानी भाई” के दुसरका यायावरी शिखर सम्मान से सम्मानित कइल गइल बा।

एह महोत्सव में कुल सात गो सत्र के आयोजन भइल रहे, जवन एह तरे से सम्पन्न भइल-

 •पहिला सत्र उद्घाटन सत्र रहे। जवना में डॉ. क्षमा त्रिपाठी जी, मृत्युंजय कुमार सिंह , बृजेन्द्र नारायण, बृजेश्वर मणि त्रिपाठी आ मिथिलेश नारायण दिया जरा के सत्र के उद्घाटन कइल लो आ कार्यक्रम के आगे बढ़ावे के अनुमति दिहल।

•दूसरका सत्र “भोजपुरी कहानी में स्त्री” पs केन्द्रित रहे जवना में सरोज सिंह, सत्य व्यास आ विनीता परमार के बीच भोजपुरी कहानी में नारी पात्रन के भूमिका पs विशेष चरचा भइल। एह सत्र के संचालन के डॉ० क्षमा त्रिपाठी जी द्वारा कइल गइल।

•तीसरका सत्र “भोजपुरियत आ उद्यमिता” आधारित रहे, जवना में उद्यमिता के क्षेत्र में भोजपुरी के महत्व पs गिरिजांश गोपालन, संजय शेफर्ड, माउंटेनियर नीतीश आ वलीउल्लाह शेख के बीच विशेष रूप से चरचा भइल आ भोजपुरी क्षेत्र में उद्यमिता के संभावनन पs अंजोर डालल गइल। एह सत्र के संचालन मैचबॉक्स के फाउंडर राणा प्रताप सिंह द्वारा कइल गइल।

•एकरा बाद चउथा सत्र “भोजपुरिया एलीट के माई-भाषा से नेह-छोह सत्र में राजेश मिश्रा, मुन्ना पाण्डेय आ संजय मासूम एलिट वर्ग के अपना भाषा के प्रति प्रेम पs चरचा कइल आ भोजपुरी के सामाजिक स्तर पs मंथन कइल। एह सत्र के संचालन वैभव मणि त्रिपाठी द्वारा कइल गइल बा।

 

•पांचवा सत्र में आवे वाला टीम मद्धिम के संगे बतकही भइल, जवना में परितोष त्रिपाठी, अरुणा गिरी, ओम दुबे आ विमल चंद्र पांडेय बतकही कइल लो। एह सत्र के संचालन दिल्ली यूनिवर्सिटी के एसोसिएट प्रोफेसर डॉ० मुन्ना पांडेय द्वारा कइल गइल।

•”कथा कहानी आ गीत संगत” विषय पs आयोजित छठवाँ सत्र खास रहल आ एहमें राष्ट्रीय पुरस्कार प्राप्त प्रबुद्ध बनर्जी आ वरिष्ठ आईपीएस अधिकारी मृत्युंजय कुमार सिंह के बीच रोचक बतकही भइल। एह सत्र में आदित्य राजन, हृदया त्रिपाठी, अनन्या सिंह आ पवन कुमार गीत संगीत में संगत कइल।

•महोत्सव के आखिरी सत्र, सृष्टि सिंह द्वारा वीर कुंवर सिंह गाथा गायन समर्पित संगीत सत्र शानदार ढंग से पूरा भइल। एह सत्र में प्रख्यात गायक उदय नारायण सिंह आ उनका टीम के भूमिका सत्र के बेजोड़ बना देलस।

 

कथाकारी प्रतियोगिता के विजेतन के भइल सम्मान

कार्यक्रम के दौरान यायावरी वाया भोजपुरी द्वारा आयोजित साल-2023 के कथाकारी प्रतियोगिता के विजेता लोगन के सम्मान कइल गइल। एहमें पहिला पुरस्कार खातिर शालिनी कपूर, दुसरा पुरस्कार खातिर डॉ० उमा उपाध्याय, तीसरा पुरस्कार खातिर नंदीश्वर द्विवेदी राजन आ सांत्वना पुरस्कार में सोनू किशोर आउर सुनैना गुप्ता के पुरस्कृत कइल गइल।

कार्यक्रम के संचालन श्वेता, शालिनी कपूर आ सुधीर कुमार मिश्र द्वारा कइल गइल।

महोत्सव के आयोजन संयोजक गौरव मणि त्रिपाठी कहलें कि पिछला साल के मुकाबला में यायावरी भोजपुरी महोत्सव के ई दुसरका अध्याय अउरी भव्य रहल। ऊ भोजपुरी महोत्सव के बड़हन संख्या में लोग के सहभागिता के साथे सफल बनावे खातिर सबके धन्यवाद देलें।

एह कार्यक्रम के प्रायोजकन में फोर्टिस मेमोरियल रिसर्च इंस्टीट्यूट गुरुग्राम (डॉ० राहुल भार्गव, डॉ० नवल, डॉ० मनविंदर सिंह सचदेव से गोरखपुर में अप्वाइंटमेंट विकास स्वरूप से +91 9911614876 से संपर्क कइल जा सकेला, गीतांजली स्टोर( कथाकारी प्रतियोगिता के पुरस्कार विजेतन खातिर गिफ्ट) , खादिम रेती चौक गोलघर (100 डिस्काउंट कूपनस), अतरंगी कलाकारी आ मीडिया पार्टनर के रूप खबर भोजपुरी आ द फोटोन न्यूज के विशेष सहयोग सामिल रहल।

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।