टेक्नोलॉजी डेस्क। जदि रउआ करीब 30 हजार रुपिया के बजट में बढ़िया 5G स्मार्टफोन खोजत बानी, तs ई खबर रउआ खातिर खुसखबरी हs। Xiaomi के प्रीमियम फोन Xiaomi 14 Civi पs अभी Flipkart पs जबरदस्त डिस्काउंट मिल रहल बा। ई डील खास ओह लोग खातिर बढ़िया बा, जवन कम दाम में रोजमर्रा के इस्तेमाल खातिर पावरफुल फोन चाहत बा।
ई ऑफर में बैंक डिस्काउंट आ एक्सचेंज ऑफर के फायदो मिल रहल बा। ऑनलाइन ऑफर जल्दिये बदल जाला, एह से जवन लोग सही मवका के इंतजार में रहे, ऊ लोग ई डील बिल्कुल मिस मत करीं।
Xiaomi 14 Civi पर तगड़ा डिस्काउंट
फ्लिपकार्ट पs Xiaomi 14 Civi के असली कीमत 54,998 रुपिया बा, बाकिर अभी ई फोन खाली 29,999 रुपिया में खरीदे के मवका मिल रहल बा। फ्लिपकार्ट एक्सिस बैंक आ SBI क्रेडिट कार्ड से भुगतान कइला पs 1500 रुपिया तक के अतिरिक्त छूट मिल रहल बा। एकरा के संगही एक्सचेंज ऑफरो चालू बा, जवन फोन के कंडीशन आ मॉडल के हिसाब से 24,350 रुपिया तक के एक्सचेंज वैल्यू दे रहल बा।
Xiaomi 14 Civi के खास फीचर्स
एह फोन में 6.55 इंच के AMOLED डिस्प्ले मिलेला, जवन वीडियो देखे आ इंटरनेट ब्राउजिंग खातिर बढ़िया ब्राइटनेस आ सानदार कलर आउटपुट देला। परफॉर्मेंस खातिर फोन में दमदार Snapdragon 8s Gen 3 ऑक्टा-कोर प्रोसेसर दिहल गइल बा। बैटरी के बात करीं तs एह में 4700mAh के बैटरी आ फास्ट चार्जिंग सपोर्टो मिलेला।
कैमरा सेगमेंटो में जबरदस्त
फोटोग्राफी के शौकीन लोग खातिर Xiaomi 14 Civi बढ़िया ऑप्शन बा। फोन में तीन गो रियर कैमरा मिलेला- 50MP के प्राइमरी कैमरा, 2x जूम खातिर 50MP के टेलीफोटो लेंस आ 12MP के अल्ट्रा-वाइड लेंस। सामने के ओर से खास बात ई बा कि एह फोन में एगो ना, बलुक दू-दू गो 32MP के सेल्फी कैमरा दिहल गइल बा, जवन शार्प आ क्लियर फोटो खींचे में मदद करेला।
Read Also: Mukul Roy Passes Away : कोलकाता में पूर्व रेल मंत्री मुकुल रॉय के निधन, कइयन महीना से कोमा में रहलें






