WTT Contender: मनिका-साथियन के जोड़ी सेमीफाइनल में, हरमीत देसाई के प्री क्वार्टर फाइनल में मिलल हार

Share

मनिका बत्रा आ जी साथियन के जोड़ी विश्व टेबल टेनिस कंटेंडर टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में प्रवेश कs लेले बिया। भारतीय जोड़ी मिश्रित युगल के क्वार्टर फाइनल में जर्मनी के जोड़ी सेड्रिक मेसनर आ यूआन वॉन के 11-8, 11-3, 11-8 से सीधे गेमएन में मात्र 21 मिनट में पराजित कs देलस। दुनो के सेमीफाइनल में कोरियाई जोड़ी शिन यूबिन आ लिम जांगहून से सामना होई।

बत्रा आ साथियान एकल मुकाबलन के पहिलके दौर में हारके बाहर हो चुकल बा लो। ओहिजा प्री क्वार्टर फाइनल में हरमीत देसाई के चीन के लियांग यानिंग के हाथन 5-11, 6-11, 5-11 से हार के सामना करे के पड़ल। हरमीत के हार के संगे एकल में भारतीय चुनौती समाप्त हो गइल।

एकरा अलावे, शरत कमल के पहिलके दौर में हार के सामना करे के पड़ल रहे। महिला एकल के अंतिम-16 में आहिका मुखर्जी के जापान के मियू नागासाकी 5-11, 9-11, 10-12 से पराजित कइलें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-