WTC Final: डब्ल्यूटीसी फाइनल के मेजबानी के भारत के उम्मीदन के लागी झटका? ICC-इंग्लैंड में हो सकत बा ई करार

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। दक्षिण अफ्रीका के टीम इतिहास रचे के एकदम नजदीक बा। टीम ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ विश्व टेस्ट चैंपियनशिप फाइनल में आपन दबदबा बना लेले बा। दक्षिण अफ्रीका के टीम जीत से महज 69 रन दूर बा आ ओकर आठ विकेट बाकी बा। अइसने में एह साल टेस्ट के नया चैंपियन मिल सकत बा। 2021 में न्यूजीलैंड आ 2023 में ऑस्ट्रेलिया खिताब जीतले रहे। हालांकि, पिछला दुनो फाइनल में भारतीय टीम फाइनल के हिस्सा रहल रहे। दु हार के बाद भारत विश्व टेस्ट चैंपियनशिप फाइनल के मेजबानी करे के इच्छा जतवले रहे। हालांकि, भारत के उम्मीदन के झटका लागत दिख रहल बा। कुछ मीडिया रिपोर्ट्स में ई बात सामने आइल बा कि आईसीसी भारत में फाइनल करावे के तइयार नइखे। आईसीसी इंग्लैंड के संगे अगिला तीन फाइनल के विंडो खतिर करावे जा रहल बा।

आईसीसी इंग्लैंड के समर्थन में

टेलीग्राफ यूके के एगो रिपोर्ट के मोताबिक, भारत के पूर्व कप्तान रोहित शर्मा आ पैट कमिंस के समर्थन के बावजूद डब्ल्यूटीसी फाइनल के इंग्लैंड से बाहर स्थानांतरित करे के संभावना नइखे। रिपोर्ट के मोताबिक, अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (आईसीसी) इंग्लैंड क्रिकेट बोर्ड (ईसीबी) के अगिला तीन विंडो खातिर इंग्लैंड में फाइनल के मेजबानी करे के अपना इरादा के बारे में बता देले बा। उ कहलें, ‘भारत के ओर से शोपीस इवेंट के मेजबानी के इच्छा जतवला के बादो इंग्लैंड क्रिकेट अगिला तीन विश्व टेस्ट चैंपियनशिप फाइनल्स के मेजबानी खातिर आईसीसी के संगे सहमत होखे के करीब बा।’

2019 में भइल रहे WTC के सुरुआत

विश्व टेस्ट चैंपियनशिप (डब्ल्यूटीसी) 2019 में सुरू भइल रहे। एह दौरान दु साल के चक्र में टीम आपस में टेस्ट सीरीज खेलेली सs। अंक प्रतिशत के आधार पs शीर्ष दु पs रहे वाली टीम फाइनल में भिड़ेली सs। अब 2027 में अगिला टेस्ट चैंपियनशिप फाइनल खेलल जाई। बीसीसीआई आईसीसी के सोझा 2023 फाइनल में हार के बाद भारत में फाइनल मुकाबला आयोजित करे के इच्छा व्यक्त कइले रहे।

अगिला तीन संस्करण के फाइनल इंग्लैंड में

मवजूदा आईसीसी अध्यक्ष जय शाह हवे जे बीसीसीआई में सचिव पद पs रह चुकल बाड़ें। जब भारत फाइनल के इच्छा जतवले रहे तs जय शाह बीसीसीआई सचिव रहस। रिपोर्ट के मोताबिक, आईसीसी के हितधारक एह पs चरचा कइले बा लोग, बकरी उ लोग भारत में फाइनल करावे के सहमत ना दिखल । अब इंग्लैंड के अगिला तीन संस्करण (2027, 2029 आ 2031) के फाइनल के मेजबानी खातिर मंजूरी मिले के पूरा संभावना बा। आईसीसी जुलाई में सिंगापुर में अपना अगिला वार्षिक सम्मलेन में एकर एलान कs सकत बा।

सिंगापुर में लाग सकत बा मुहर

रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि अगिला महीना सिंगापुर में आईसीसी के वार्षिक सम्मेलन में एह फैसला पs मुहर लाग जाई। ओहिजा, ईसीबी ऑस्ट्रेलिया आ दक्षिण अफ्रीका के बीच जारी फाइनल के समाप्त होखला के तुरंत बाद 2027 के डब्ल्यूटीसी फाइनल खातिर योजना बनावल सुरू कs दी। विश्व टेस्ट चैंपियनशिप के तीन फाइनल के मेजबानी कइला के बावजूद इंग्लैंड पिछला तीनो संस्करण में फाइनल में पहुंचे में नाकाम रहल बा।

Read Also: Israel Apologises: इस्राइली सेना भारत के गलत नक्शा देखवलस, गलती के एहसास के बाद में मांगी मंगलस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-