WPL 2025 Final: खिताब के सूखा खत्म करे उतरी दिल्ली, सामने होई मुंबई के चुनौती; देखीं संभावित प्लेइंग 11

Anurag Ranjan

स्पोर्ट्स डेस्क : महिला प्रीमियर लीग के तीसरा संस्करण अपना चरम पs पहुंच गइल बा। सनीचर के दिल्ली कैपिटल्स आ मुंबई इंडियंस के बीच खिताबी मुकाबला खेलल जाई। ब्रेबोर्न स्टेडियम में खेलल जाये वाला मुकाबला में दिल्ली अपना खिताब के सूखा के खत्म करे के लक्ष्य लेके उतरी, जबकि मुंबई के नजर दूसरका बेर ट्रॉफी उठावे पs होई। हरमनप्रीत कौर के नेतृत्व वाली टीम डब्ल्यूपीएल के पहिला सत्र में विजेता रहल रहे। ऊ दिल्ली के हराके खिताब अपना नाम कइले रहे। अब एक बेर फेर दुनो टीम आमने-सामने होई।

नेट सिवर ब्रंट आ हीली मैथ्यूज के ऑलराउंड खेल के दम पs मुंबई इंडियंस महिला प्रीमियर लीग में खिताब के सूखा खत्म करे खातिर प्रतिबद्ध दिल्ली कैपिटल्स के खिलाफ जीत के प्रबल दावेदार के रूप में सुरुआत करी। सिवर ब्रंट (493 रन, नव विकेट) आ मैथ्यूज (17 विकेट आ 304 रन) वर्तमान में क्रमशः बल्लेबाजी आ गेंदबाजी तालिका में शीर्ष पs काबिज बा। अगर ई दुनो आपन सानदार प्रदर्शन जारी रखत बा तs फेर मेग लैनिंग के अगुवाई वाली दिल्ली के टीम खातिर पहिला बेर चैंपियन बनल आसान ना होई।

तालिका में शीर्ष पर रहकर दिल्ली ने किया फाइनल में प्रवेश

अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट से संन्यास ले चुकल मेग लैनिंग महिला क्रिकेट के सबसे सफल कप्तानन में से एगो बाड़ी। ऊ आ उनकर टीम पहिला डब्ल्यूपीएल खिताब जीते खातिर अपना तरफ से कवनो कसर ना छोड़ी। दिल्ली के पुरुष टीम अभी तक आईपीएल जीते में नाकाम रहल बा। दिल्ली के टीम बेहतर नेट रन रेट के आधार पs फाइनल में सीधे प्रवेश कइलस, जबकि मुंबई के टीम एलिमिनेटर में गुजरात जाएंट्स के हराके खिताबी मुकाबला में जगह बनवलस।

मुंबई उठावे के चाहीं घरेलू परिस्थितियन के लाभ

मुंबई के टीम ब्रेबोर्न स्टेडियम के परिस्थितियन से अच्छा तरे से परिचित बा आइ ऊ एकर फायदा उठावे के कोसिस करी। मुंबई के बल्लेबाजी बहुते मजबूत बा आ दिल्ली के गेंदबाजन के ओकरा से पार पावे खातिर आपन सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन करे के होई। कप्तान हरमनप्रीत कौर के फॉर्म में वापसियो मुंबई खातिर अच्छा संकेत बा।

दिल्ली के ई गेंदबाज बन सकत बाड़ी मुंबई के राह के कांटा

दिल्ली के तरफ से अभी तक स्पिनर जेस जोनासन आ भारत के अनुभवी तेज गेंदबाज शिखा पांडे अच्छा प्रदर्शन कइले बा लो। ई दुनो 11–11 विकेट लेले बा लो। जोनासन आ शिखा के सानदार प्रदर्शन से दिल्ली राउंड रोबिन के अपना अंतिम मैच में मुंबई के टीम के नव विकेट पs 123 रन पs रोक देले रहे। मुंबई के बल्लेबाजन के एह दुनो से सतर्क रहे के होई।

मुंबई के खिलाड़ी बहुते प्रभावित कइले बा लो

सिवर ब्रंट आ मैथ्यूज अभी ले गेंदबाजी में अच्छा प्रदर्शन कइले बा लो बाकिर मुंबई के आक्रमण के मजबूत कड़ी ऑलराउंडर अमेलिया कर ह बाड़ी। जे अभी ले 16 विकेट लेले बाड़ी। बल्लेबाजी के अनुकूल परिस्थितियन में एह लेग स्पिनर के भूमिका महत्वपूर्ण होई। मुंबई के तरफ से ऑफ स्पिनर संस्कृति गुप्ता अभी तक अच्छा प्रदर्शन कइले बाड़ी। भलही ऊ अभी ले खाली चार विकेट लेले बाड़ी, बाकिर उनकर इकोनॉमी रेट सात से कम बा।

दिल्लियो नइखे पीछे

दिल्ली खातिर बल्लेबाजी में शेफाली वर्मा (300 रन) के पावर प्ले में बल्लेबाजी महत्वपूर्ण होई। उनका अलावे दिल्ली के तरफ से लैनिंग अच्छा बल्लेबाजी कइले बाड़ी। ऊ अभी ले 263 रन बनवले बाड़ी। नवहा बल्लेबाज निक्की प्रसाद मवका मिलला पs अच्छा प्रदर्शन कइले बाड़ी।

दुनो टीमन के संभावित प्लेइंग 11 एह तरे बा

मुंबई इंडियंस: हीली मैथ्यूज, अमेलिया कर, नेट सिवर-ब्रंट, हरमनप्रीत कौर (कप्तान), अमनजोत कौर, यास्तिका भाटिया (विकेटकीपर), सजीवन सजना, जी कमालिनी, संस्कृति गुप्ता, शबनम इस्माइल, साइका इशाक।

दिल्ली कैपिटल्स: मेग लैनिंग (कप्तान), शैफाली वर्मा, जेमिमा रोड्रिग्स, एनाबेल सदरलैंड, मारिजन कप, जेस जोनासेन, सारा ब्राइस (विकेटकीपर), निकी प्रसाद, मिन्नू मणि, शिखा पांडे, तितास साधु।

Read Also: IML 2025 : एगो आउर फाइनल में पहुंचल भारतीय टीम, ऑस्ट्रेलिया मास्टर्स के 94 रन से हराके फाइनल में पहुंचल सचिन के टीम

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment