स्पोर्ट्स डेस्क। पाकिस्तान के पूर्व प्रधानमंत्री आ 1992 विश्व कप विजेता कप्तान इमरान खान के खराब सेहत के खबर से अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट जगत में चिंता बढ़ गइल बा। 73 बरिस के इमरान खान के तबियत लगातार बिगड़त बतावल जा रहल बा। एही बीच दुनिया के 14 पूर्व अंतरराष्ट्रीय कप्तान पाकिस्तान सरकार के एगो संयुक्त चिट्ठी लिख के इमरान खान के तुरंत आ बेहतर इलाज करावे के मांग कइले बा लोग। हैरानी के बात ई बा कि एह चिट्ठी पs एको गो पाकिस्तानी पूर्व कप्तान के हस्ताक्षर नइखे।
एह 14 दिग्गज कप्तानन में भारत के महान बल्लेबाज सुनील गावस्कर आ पूर्व विश्व कप विजेता कप्तान कपिल देव सामिल बा लोग। सब कप्तान इमरान खान के सेहत पs गहिराह चिंता जतावत पाकिस्तान के प्रधानमंत्री शहबाज शरीफ से अपील कइले बा लोग कि सरकार इमरान के विशेषज्ञ डॉक्टरन से समुचित इलाज करावे आ जरूरी मेडिकल सुविधा मुहैया करावे।
एह चिट्ठी पs दस्तखत करे वाला दिग्गजन में ग्रेग चैपल, इयान चैपल, एलन बॉर्डर, माइकल एथरटन, नासिर हुसैन, माइकल ब्रियरले, डेविड गावर, किम ह्यूज, क्लाइव लॉयड, स्टीव वॉ, जॉन राइट आ बेलिंडा क्लार्क जइसन नाम सामिल बा। खास बात ई बा कि एह सूची में एको गो पूर्व पाकिस्तानी कप्तान के नाम नइखे।
चिट्ठी में लिखल गइल बा कि इमरान खान विश्व क्रिकेट के महानतम ऑलराउंडर आ कप्तान रहलें। 1992 विश्व कप में पाकिस्तान के ऐतिहासिक जीत दिलावे में उनकर नेतृत्व मिसाल हs। हालिया रिपोर्ट में उनकर दाहिना आंख के रोशनी 85 प्रतिशत तक कम होखे के बात सामने आइल बा, जवन बहुते चिंताजनक बा।
रिपोर्ट के मोताबिक, अगस्त 2023 से इमरान खान जेल में बाड़ें। 2022 में सत्ता से हटला के बाद उनका खिलाफ कइयन गो भ्रष्टाचार के ममिला दर्ज भइल आ दिसंबर 2025 में 31 बरिस के सजा सुनावल गइल। परिवार के आरोप बा कि जेल में उनका के सही ढंग से मिलल-जुलल तक नइखे दिहल जात।
हालांकि वसीम अकरम, वकार यूनिस आ शाहिद अफरीदी जइसन पाकिस्तानी दिग्गज सोशल मीडिया पs बेहतर इलाज के मांग कइले रहे लोग, बाकिर एह औपचारिक अपील पs पाकिस्तानी पूर्व कप्तानन के चुप्पी कइयन गो सवाल खड़ा करत बा।
चिट्ठी के आखिर में कहल गइल बा कि क्रिकेट देसन के बीच सेतु बनेला, मुकाबला पिच तक सीमित रहेला आ इंसानियत आ खेल भावना हमेसा सबसे ऊपर होला।
Read Also: Gorakhpur News : मतदाता पहचान पत्र लोकतंत्र के आत्मा हs- डॉ. संजय कुमार पांडेय






