World Archery Championships में भारत रचलस इतिहास, महिला कंपाउंड टीम बनल वर्ल्ड चैंपियन; फाइनल में जीतलास सोना 

Share

विश्व तीरंदाजी चैंपियनशिप 2023 (World Archery Championships 2023) में भारत के महिला कंपाउंड टीम (Indian Women’s Compound Team) इतिहास रचत गोल्ड मेडल पs कब्जा जमवलस। ज्योति सुरेखा वेन्नम, परनीत कौर आ अदिति गोपीचंद स्वामी के भारतीय महिला कंपाउंड टीम सुक को बर्लिन में स्वर्ण पदक जीतलस। ई कवनो वर्ग में तीरंदाजी विश्व चैंपियनशिप में भारत के पहिला स्वर्ण हs।

Indian Women’s Compound Team बनल वर्ल्ड चैंपियन

भारतीय टीम स्वर्ण पदक खातिर फाइनल में मैक्सिकन कंपाउंड टीम डैफने क्विंटेरो, एना सोफा हर्नांडेज जियोन आ एंड्रिया बेसेरा के 235-229 से हरवलस। क्वालिफिकेशन राउंड में दूसरका स्थान पs रहल भारतीय जोड़ी सेमीफाइनल में मवजूदा चैंपियन कोलंबिया के 220-216 से हराके खिताबी मुकाबला में जगह बनवले रहे।

पहिला राउंड में बाई मिलला के बाद, भारतीय महिला कंपाउंड टीम क्रमशः क्वार्टर फाइनल आ प्री-क्वार्टर फाइनल में चीनी ताइपे आ तुर्की के हरवले रहे। भारत एकरा पहिले विश्व तीरंदाजी चैंपियनशिप में 9 रजत आ 2 कांस्य सहित 11 पदक जीतले रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-