Women U19 T20 WC: भारतीय महिला अंडर-19 टीम लगातार दूसरका बेर चैंपियन, फाइनल में द. अफ्रीका के नौ विकेट से हरवलस

Anurag Ranjan
भारतीय महिला अंडर-19 टीम लगातार दूसरका बेर चैंपियन

स्पाेर्ट्स डेस्क : भारतीय महिला अंडर-19 क्रिकेट टीम लगातार दूसरका बेर टी20 विश्व कप के खिताब जीत लेले बिया। एह टूर्नामेंट के सुरुआत 2023 में भइल रहे आ पहिला संस्करण में भारतीय टीम जीत हासिल कइले रहे। तब टीम इंडिया के कप्तान शेफाली वर्मा रहल रहली। अब दु साल बाद टूर्नामेंट के दूसरका संस्करण में निकी प्रसाद के कप्तानी में भारतीय टीम लगातार दूसरका बेर चैंपियन बनल बिया।

टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करत दक्षिण अफ्रीका के पारी 20 ओवर में 82 रन पs सिमट गइल रहे। जवाब में टीम इंडिया 11.2 ओवर में एक विकेट गंवाके लक्ष्य हासिल कs लिहल। भारत के सीनियर आ जूनियर महिला टीमन के मिलाके 2023 के बाद ई दूसरका बेर बा जब कवनो आईसीसी ट्रॉफी अपना घर आइल होखे। गोंगाड़ी त्रिसा फाइनल में ऑलराउंड प्रदर्शन कइली। ऊ तीन विकेट लेला के अलावे नाबाद 44 रन बनवली।

दक्षिण अफ्रीका के सुरुआत खराब रहल रहे

फाइनल में भारतीय गेंदबाज कहर बरपल लो। भारतीय गेंदबाज दक्षिण अफ्रीका के टीम के 20 ओवर में 82 रन पs समेट देलस लो। कुआलालंपुर के बेयुमास ओवल स्टेडियम में खेलल गइल मुकाबला में दक्षिण अफ्रीका के कप्तान रेनेके टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी के फैसला कइले रहली। हालांकि, उनकर ई फैसला गलत साबित भइल। टीम के सुरुआत खराब रहल रहे। दक्षिण अफ्रीकी टीम के दूसरका ओवर में सिमोन लॉरेन्स के रूप में पहिला झटका लागल रहे। ऊ पारुनिका सिसौदिया क्लीन बोल्ड कइलें। सिमोन खाता ना खोल सकली। एकरा बाद चउथा ओवर में शबनम शकील जेम्मा बोथा के कमालिनी के हाथन कैच करवली। जेम्मा 14 गेना में तीन चौका के मदद से 16 रन बनवली। पांचवां ओवर में 20 के स्कोर पs दक्षिण अफ्रीका के तीसरका झटका लागल। आयुषी शुक्ला डायरा रामलकान के बोल्ड कइली। ऊ तीन रन बना सकली।

गोंगाड़ी तीन, जबकि आयुषी-पारुनिका दु-दु विकेट झटकल लो

एकरा बाद कायला रेनेके आ कराबो मेसो चउथा विकेट खातिर 20 रन के साझेदारी निभावल लो। एह साझेदारी के गोंगाड़ी त्रिसा तुड़ली। ऊ रेनेके के पारुनिका के हाथन कैच करवली। रेनेके 21 गेना में सात रन बना सकली। एकरा बाद आयुषी शुक्ला मेसो के बोल्ड कइली। ऊ 26 गेना में 10 रन बना सकली। गोंगाड़ी त्रिसा एकरा बाद मिएक वान वूर्स्ट आ सेशनी नायडू के आउट कइली। मिएक 18 गेना में 23 रन बना सकली, जबकि सेशनी खाता ना खोल पवली। वैष्णवी शर्मा फे क्राउलिंग (15) आ मोनालिसा लेगोडी (0) के पवेलियन भेजली। पारुनिका एश्ले वान विक के पारी के आखिरी गेना पs आउट कइलें। एश्ले खाता ना खोल सकली।

भारतीय गेंदबाजन के दबदबा के बारे में रउआ एही बात से अंदाजा लगा सकत बानी कि दक्षिण अफ्रीका के टीम के चार खिलाड़ी खाता ना खोल सकल लो। भारत के ओर से गोंगाड़ी सबसे जादे तीन विकेट लेली। ओहिजा, पारुनिका सिसौदिया, आयुषी शुक्ला आ वैष्णवी शर्मा के दु-दु विकेट मिलल। शबनम शकील के एक विकेट मिलल।

गोंगाड़ी के बल्ला से फेर निकलल रन

एकरा बाद गोंगाड़ी त्रिसा आ कमालिनी टीम इंडिया के सधल सुरुआत दिलावल लो। दुनो पहिला विकेट खातिर 30 गेना में 36 रन जोड़लें। एह साझेदारी के दक्षिण अफ्रीका के कप्तान रेनेके तुड़ली। ऊ कमालिनी के सिमोन के हाथन कैच करवली। कमालिनी आठ रन बना सकली। एकरा बाद गोंगाड़ी सानिका चलके के संगे मिलके टीम इंडिया के नव विकेट से सानदार जीत दिलवलें गोंगाड़ी 33 गेना में आठ चौका के मदद से 44 रन आ सानिका 22 गेना में चार चौका के मदद से 26 रन बनाके नाबाद रहली।

Real Also: IND vs ENG: दुबे के कन्कशन के तौर पs हर्षित राणा के खेलला पs मचल बवाल, वॉन आ बटलर उठावल लो सवाल

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment