कब आई CSIR UGC NET 2024 के रिजल्ट, जानीं अपडेट

CSIR UGC NET 2024

Share

 

 

सीएसआईआर यूजीसी नेट परीक्षा में आवे वाला सभे परीक्षार्थी अब बेसब्री से अपना रिजल्ट के इंतजार में बाड़े। अइसना में उम्मीद बा कि सीएसआईआर नेट 2024 के रिजल्ट जल्दिए राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी यानी एनटीए द्वारा घोषित कs दिहल जाई। रिजल्ट आधिकारिक वेबसाइट पs घोषित कईल जाई। घोषित होखला के बाद परीक्षा में आवे वाला सभ परीक्षार्थी सीएसआईआर के आधिकारिक वेबसाइट csirnet.nta.ac.in से आपन स्कोरकार्ड डाउनलोड कs सकेले। हालांकि, कब अवुरी कवना समय रिजल्ट जारी होई, एकर कवनो आधिकारिक जानकारी नईखे।

सीएसआईआर यूजीसी नेट के जांच कईसे कईल जाला?

*उम्मीदवार नीचे दिहल चरण के पालन कs के आपन रिजल्ट जाँच सकेलें।

*सबसे पहिले उम्मीदवार के आधिकारिक वेबसाइट csirnet.nta.ac.in पs जाए के होई।

*एकरा बाद होमपेज पs नोटिफिकेशन लिंक ‘CSIR UGC NET July 2024 Result’ पs क्लिक करे के होई।

*एकरा बाद इs रउआ के लॉगिन विंडो में रिडायरेक्ट कs दिही

*इहाँ रजिस्ट्रेशन नंबर, जन्म तिथि डाल के ‘सबमिट’ पs क्लिक करे के होई।

*अयीसन कईला के बाद स्क्रीन पs सीएसआईआर यूजीसी नेट 2024 के रिजल्ट देखाई दिही।

*एकरा बाद रिजल्ट डाउनलोड करीं आ प्रिंट आउट ले लीं.

बता दीं कि सीएसआईआर यूजीसी नेट जून 2024 के परीक्षा 25 से 27 जुलाई ले भइल रहे। इs परीक्षा दु पाली में भईल, पहिला सुबह 9 बजे से दुपहरिया 12 बजे ले अवुरी दूसरा दुपहर 3 बजे से शाम 6 बजे ले। जबकि 27 जुलाई के परीक्षा सबेरे के पाली में भईल रहे। एह परीक्षा के प्रोविजनल उत्तर कुंजी 9 अगस्त के जारी भइल आ परीक्षार्थियन के 11 अगस्त ले आपत्ति जमा करावे के समय दिहल गइल.

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-