Bank Holidays : अगिला हफ्ता कब-कब बंद रही बैंक? ब्रांच जाये से पहिले इहां देख लीं पूरा लिस्ट

Share

नई दिल्ली। बैंकिंग सबसे महत्वपूर्ण सेवा में से एक हs, जवना के करोड़न लोग इस्तेमाल करेला। एकरा से भारत में बैंक छुट्टी (Bank Holiday List 2026) पs नजर राखल बहुत जरूरी बा, ताकि बैंक ब्रांच में होखे वाला काम बिना कवनो परेसानी के पूरा हो सके। जइसे बाकी संस्थान, ओइसहीं बैंक कुछ खास दिनन पs बंद रहेला।

बैंक के छुट्टी रिर्जव बैंक ऑफ इंडिया तय करेला। आरबीआई हर साल के सुरुआत में बैंक छुट्टी के लिस्ट जारी करेला।

कब-कब बंद रही बैंक?

आरबीआई के बैंक हॉलिडे कैलेंडर के मोताबिक, 6 अप्रिल से 12 अप्रिल वाला हफ्ता में पूरा भारत में बैंक दू दिन खातिर बंद रही। हालांकि ई छुट्टी खाली साप्ताहिक अवकाश हs। अगिला हफ्ता कवनो क्षेत्रीय भा राष्ट्रीय बैंक हॉलिडे नइखे।

कब-कब ना खुली बैंक?

11 अप्रिल – सनिचर – वीकेंड छुट्टी के चलते पूरा भारत में सब बैंक बंद रही
12 अप्रिल – अतवार – वीकेंड छुट्टी के चलते पूरा भारत में सब बैंक बंद रही

11 अप्रिल के काहे बंद रही बैंक?

जब तक कवनो खास पब्लिक भा रीजनल छुट्टी घोषित ना होखे, बैंक हर महीना के पहिला, तीसरा आ पांचवां सनिचर के खुलल रहेला। 11 अप्रिल महीना के दूसरका सनिचर बा, एकरा चलते ओह दिन बैंक बंद रही।

आरबीआई के हॉलिडे कैलेंडर के अनुसार, अगिला हफ्ता कवनो अलग से राष्ट्रीय भा   क्षेत्रीय छुट्टी नइखे।

तीन तरह के होला बैंक छुट्टी

आरबीआई बैंक छुट्टी के तीन हिस्सा में बांटेला – नेगोशिएबल इंस्ट्रूमेंट्स एक्ट, RTGS (Real-Time Gross Settlement) छुट्टी आ बैंक अकाउंट क्लोजिंग डे।

आरबीआई के कैलेंडर के मोताबिक, अलग-अलग इलाकन में त्योहार के हिसाब से बैंक छुट्टी अलग-अलग हो सकेला। हालांकि, गणतंत्र दिवस आ गांधी जयंती जइसन राष्ट्रीय परब पs सब बैंक बंद रहेला।

Read Also: 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-