नई दिल्ली। उत्तर भारत में कड़ाका के ठंड के बीचे एगो नया पश्चिमी विक्षोभ (वेस्टर्न डिस्टर्बेंस) सक्रिय हो गइल बा। एकरा असर से पहाड़ी राज्यन में भारी बर्फबारी आ दिल्ली-एनसीआर सहित मैदानी इलाकन में बरखा के दौर सुरू होखे वाला बा।
पहाड़न पs बरफ के चादर
IMD के माेताबिक, ई पश्चिमी विक्षोभ उत्तर-पश्चिम भारत के प्रभावित करी। एह चलते पश्चिमी हिमालयी इलाका- जम्मू-कश्मीर, लद्दाख, हिमाचल प्रदेश आ उत्तराखंड- में 31 जनवरी से 2 फरवरी तक कहीं-कहीं खुब बरखा आ बर्फबारी हो सकेला। खासतौर पs 1 फरवरी के दिन गरज-चमक के संगे 30-40 किमी प्रति घंटा रफ्तार से तेज हवा चले के आ कुछ जगहन पs भारी बर्फबारी/बरखा के संभावना बा।
भारत मौसम विज्ञान विभाग के अनुसार, 30 जनवरी के रात से एगो ताजा पश्चिमी विक्षोभ उत्तर-पश्चिम भारत में असर देखावे लागी। एकरा चलते हिमाचल प्रदेश आ उत्तराखंड में 1 आ 2 फरवरी के भारी बर्फबारी आ बरखा के आसार बा। चंबा, कुल्लू आ लाहौल-स्पीति जइसन जिलन खातिर ऑरेंज आ येलो अलर्ट जारी कइल गइल बा।
हिमाचल प्रदेश में ऑरेंज अलर्ट जारी
हिमाचल प्रदेश के चंबा, कुल्लू, किन्नौर आ लाहौल-स्पीति जिलन में ऑरेंज अलर्ट जारी भइल बा, जबकि आउर ऊंचाई वाला इलाकन में येलो अलर्ट बा। एह जिलन में ऊंचाई वाला इलाकन में भारी बर्फबारी से सड़क बंद होखे, बिजली-पानी के सप्लाई में रुकावट आ पर्यटकन के परेसानी बढ़े के आशंका बा।
उत्तराखंड में उत्तरकाशी, चमोली, पिथौरागढ़ आ रुद्रप्रयाग जइसन ऊंच हिमालयी इलाकन में भारी बर्फबारी हो सकेला, जवना से चारधाम यात्रा के रास्ता प्रभावित हो सकेला।
दिल्ली-एनसीआर में बरखा
राजधानी दिल्ली आ आसपास के इलाका नोएडा, गुरुग्राम आ गाजियाबाद में 31 जनवरी के सांझ से मौसम बदल जाई। 1 फरवरी के दिल्ली में गरज-चमक के संगे हल्का बरखा आ 30-40 किमी प्रति घंटा रफ्तार से हवा चले के अनुमान बा, जवना से तापमान में तेज गिरावट आवे के संभावना बा।
यूपी आ हरियाणा में शीतलहर
उत्तर प्रदेश आ हरियाणा के मैदानी इलाकन में कोहरा के प्रकोप बनल रही। मौसम विभाग पश्चिमी उत्तर प्रदेश आ हरियाणा में 1 फरवरी के बरखा आ ओलावृष्टि (हेलस्टॉर्म) के चेतावनी जारी कइले बा।
Read Also: 30 जनवरी 2026 के राशिफल









